Saturday, April 20, 2024
Homeयुवाकाशी प्रवासी भारतीय सम्मेलन के भइल सफल आयोजन

काशी प्रवासी भारतीय सम्मेलन के भइल सफल आयोजन

काशी प्रवासी भारतीय सम्मेलन के भइल सफल आयोजन

“काशी की करवट विकासोन्मुख हो चुकी है”
प्रेम शुक्ल(राष्ट्रीय प्रवक्ता-बीजपी)..

अभूतपुर्व क्षण का योग व संयोग बनल काशी प्रवासी भारतीय सम्मेलन के विभिन्न आयामों पर चर्चा के साथ विभिन्न सरकारी प्रकल्पों के स्टॉल पर खुदे पहुच कर बीजपी के राष्ट्रीय प्रवक्ता प्रेम शुक्ल जी खुशी से कहने कि मोदी सरकार विकास के दूसर पर्याय बन गइल बिया ..बनारस के लिंक रोड,दीन दयाल संकुल,कैंसर इंस्टिट्यूट,बाबतपुर हाई वे व और कई विकास के काम आपन मूर्त रूप ले चुकल बाने आये वाला कुछ समय में हम लोग ए गो नया काशी को देखल जाई जे देश के आध्यात्मिक राजधानी होइ के साथ-2 आर्थिक राजधानी के संगम भी होइ.

बनारस के हथकरघा उद्योग,बनारसी साड़ी,कार्पेट व अन्य स्टाल बनारस के महीन कारीगरी देख प्रेम जी कुछ समय के लिए अचंभित रह गइने ..और अपने स्तर पर हर सम्भव वर्षो पुरानी बनारसी कला को संरक्षित रखे के प्रयास करे के बात कइने.

ऐ मौका पे विशेष अतिथि के रूप पधारे श्री शुक्ला जी ने काशी में आयोजित अप्रवासी दिवस सम्मेलन में उत्तराखंड की राज्यपाल माननीया बेबीरानी मौर्या के साथ अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर उपलब्धि हासिल करे वाली महिलाओं के सम्मानित कइली .साथे साथ केन्या की भारतवंशी सॉंसद श्रीमती संजीव कौर सोनिया बिर्दी के सम्मान भी करल गइल .सम्मान समारोह में प्रमुख रूप से उपस्थित रहली महात्मा गॉंधी की प्रपौत्री श्रीमती तारा भट्टाचार्य.

कार्यक्रम में प्रख्यात गीतकार डॉ.बुद्धिनाथ मिश्र और श्री धर्मसारथी जी भी उपस्थित रहलें .
प्रवासी भारतीय कार्यक्रम के सफल आयोजन से गदगद भइलें बीजपी नेता लोगिन काशी प्रवास के दौरान आपन असंख्य प्रसंशकों से जगह जगह रुक कर खुले दिल से मुलाकात कइलें .बाबा के दर्शन पूजन के साथ काशी की ठंडई पान और सवेरे के दिव्य नाश्ता कचौड़ी जलेबी के भी आनंद लिहलें .

ऐ दौरान उन कर साथ गौरव मिश्र,आनंद अग्रवाल,जीतू चांडक,अनूप बुबना,राजेश जायसवाल व अन्य कई गणमान्य उपस्थित रहलें …

न्यूज़ एवं चित्र श्रोत साभार : हिमांशु पाण्डेय जी (वाराणसी )

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments