Friday, March 29, 2024
Homeराजनीतिपाकिस्तान के आतंकी कैम्प पर भारत के हमला

पाकिस्तान के आतंकी कैम्प पर भारत के हमला

भारतीय सेना पुलवामा हमला के बदला 13 वे दिन पाकिस्तान आतंकी कैम्पन पर हवाई हमला करके ले लिहलस , तडके सबेरे 3:30 बजे 12 मिराज विमान गिरइलस कुल 1000 किलो बम ।
इ हमला में लगभग 350 आतंकी मारल गइल बाने। एमे 25 ट्रेनर रहलें। वायु सेना इ पूरी कार्रवाई के सिर्फ 21 मिनट में अंजाम दिहलस । बालाकोट, चकोटी और मुज्जफराबाद तीन प्रमुख आतंकी कैंप सेना के निशाने पर रहलें। 14 फरवरी के पुलवामा आतंकी हमला
में सीआरपीएफ के 40 जवान शहीद भइल रहने ।

हमले के बाद भारतीय वायुसेना के हाईअलर्ट कर दिहल गइल बा । पश्चिमी सीमा पर एयरफोर्स के फाइटर्स कॉम्बैट पेट्रोलिंग करत बाने। जे पाक के जवाबी हमला के स्थिति में विमानन के भारतीय सीमा में घुसते ही उड़ा देवे की क्षमता बाने । पाक से सटल पश्चिमी सीमा सहित पंजाब के सब एयरबेसन पर सुरक्षा व्यवस्था बढ़ा दिहल गइल बा है। उत्तरप्रदेश सरकार भी कुंभ में विशेष सतर्कता बरते के साथ पूरे राज्य में हाई अलर्ट जारी कइले बिया ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments