Tuesday, September 24, 2024
Homeटॉप स्टोरीएक्‍शन में योगी सरकार: औरैया के निलंबित डीएम के करीबियों पर विजिलेंस...

एक्‍शन में योगी सरकार: औरैया के निलंबित डीएम के करीबियों पर विजिलेंस के छापामारी

योगी 2.0 सरकार फुल एक्‍शन मोड में बा। भ्रष्‍टाचार के आरोप में कल निलंबित भईले औरैया के डीएम सुनील कुमार वर्मा के करीबियों के ठिकाना पर आज ताबड़तोड़ छापा पड़ रहल बा। डीएम के करीबियों में शामिल रहले मखलू पांडेय और हरि तिवारी के खनन फार्म पांडेय ब्रदर्स के ठिकाना पर विजिलेंस ने मंगलवार की सुबह-सुबह छापेमारी कईले।

बता दें कि बालू खनन से जुड़ल ई फर्म लगातार विजिलेंस के रडार पर रहल। पांडेय ब्रदर्स के मुरादगंज और अयाना स्थित घरों के अलावा बीजलपुर घाट पर भी छापा मारल गईल बा। 

बतावल जा रहल बा छापेमारी के दौरान दोनों से पूछताछ भी भईल । मंगलवार की सुबह-सुबह पहुंचल विजिलेंस टीम ने पांडेय ब्रदर्स के फर्म के अलग-अलग ठिकाना पर एक साथ छापामारी कईलस। फिलहाल केहू के अंदर नइखे जाईल दिहल जात। 

औरैया के डीएम के भ्रष्‍टाचार के आरोप में कल सस्‍पेंड कर दीहल गईल बा । इस मामले में कमिश्‍नर राजशेखर जांच कईले रहले। जांच रिपोर्ट मिलला के बाद मुख्‍यमंत्री डीएम के सस्‍पेंड क्र दिहले। साथ ही उ विजिलेंस के मामला के जांच के आदेश दिहले। बतावल जा रहल बा की डीएम के जे करीबियों पर विजिलेंस के छापा पड़ल बा उनके औरैया रत्‍न सम्‍मान भी दीहल गईल रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments