Tuesday, September 24, 2024
Homeसमाचार विश्लेषण'ग' के 'घ' लिखला पर 29 गांव के 11 हजार लोग भईले...

‘ग’ के ‘घ’ लिखला पर 29 गांव के 11 हजार लोग भईले एसटी से एससी

महज एक अक्षर के गलती से लोगन के कैटेगरी चेंज हो गईल इ न्यूज़ हवे मध्यप्रदेश के धार जिले में महज एक अक्षर के हेर फेर में 29 गांव के 11 हजार लोग अनुसूचित जनजाति (एसटी) से अनुसूचित जाति (एससी) में तब्दील हो गईले । दरअसल, बदनावर तहसील में मोगिया समाज के लोग रहेले। यहां बदनावर प्रशासन लोगन के मोगिया के जगह मोघिया लिखकर जाति प्रमाण पत्र दे रहल हवे , जेहसे स्कूली बच्चे अउर उनके परिजन सरकारी योजना के लाभ नाहीं ले पा रहल हवे ।

गांव के लोगन के मुताबिक, देश के आजादी से ही हमारे भू-राजस्व रिकॉर्ड में जउन जाति लिखल हवे ओकरा अनुसार जाति प्रमाण पत्र नाहीं दिहल जा रहल हवे । बदनावर एसडीएम नेहा साहू के कहनाम बा कि ये लोग मोगिया समाज में नाहीं आवेले एहीसे एह लोगन के अनुसूचित जनजाति के जाति केप्रमाण पत्र नाहीं दिहल जा सकला । हरिजन समाज के ही जाति प्रमाण पत्र देवे के होइ। मोगिया समाज के 22000 जनसंख्या हवे एवं 5000 शिक्षित वर्ग भी हवे । पूर्व में तहसील में निवासरत समाज के अनुसूचित जनजाति आदिवासी वर्ग के जाति प्रमाण पत्र जारी कईले रहले , लेकिन उनके पुत्र-पुत्री सब के प्रमाण पत्र में जाति बदलल जात बाने |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments