Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणबदायूं में मुस्लिम धर्मगुरु के जनाजा में उमड़ल 20 हजार मुरीद, फजीहत...

बदायूं में मुस्लिम धर्मगुरु के जनाजा में उमड़ल 20 हजार मुरीद, फजीहत भइले के बाद पुलिस FIR दर्ज कइलस

उत्तर प्रदेश के बदायूं जिले में जिला काजी हजरत शेख अब्दुल हमीद मुहम्मद सालिमुल कादरी के इंतकाल के बाद। उनके जनाजा में 15-20 हजार लोग उमड़ पड़ले। कोविड प्रोटोकॉल के जमके धज्जियां उड़ावल गईल। कई लोग बिना मास्क के भी रहलें। हर कोई जनाजा के कंधा देबल चाहत रहे। ए दौरान पुलिस भी बेबस नजर आईल। सोमवार रात इ मामले में अज्ञात लोगन के खिलाफ महामारी अधिनियम के तहत केस दर्ज कियल गयल बा।

जीते जी नियमों के पालन के देत रहलें सीख
कादरी साहब के मुसलमान के साथ-साथ हिंदू भी सम्मान करत रहलें। उ कई मसलों पर सरकार के साथ देलें। चाहे उ नागरिकता संशोधन कानून के मसला रहल हो या कोविड-19 प्रोटोकॉल के पालन के बात। लोगन के नियम-कानून के पालन करे के लिए हमेशा कहते रहले।

उनके निधन के सूचना मिलते ही लोगन के जमावड़ा लगने लगल। कोरोना से बेखौफ लोग सारे नियम ताक पर रख देलें। पुलिस भी बेबस नजर आईल। लोग जनाजा के कंधा देवे के लिए बेताब रहले।

फजीहत भायल तब एक्शन में आईल पुलिस
वीडियो वायरल भइले के बाद बदायूं पुलिस के फजीहत होखे लगल। एसे बचे के लिए महामारी अधिनियम के धारा-188, 269 और 270 के तहत मामला दर्ज कयल गयल। ई मामला सदर कोतवाली पुलिस दर्ज कइले बा। SSP बदायूं संकल्प शर्मा SP सिटी प्रवीण सिंह चौहान के जांच सौंप देले बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments