Thursday, September 26, 2024
Homeस्पोर्ट्सभारत-श्रीलंका के बीच तीसरा टी-20 आज होइ पुणे में , साल के...

भारत-श्रीलंका के बीच तीसरा टी-20 आज होइ पुणे में , साल के पहिली सीरीज के जीत पर टीम इंडिया के नजर

भारत अउर श्रीलंका के क्रिकेट टीमें शुक्रवार के महाराष्ट्र क्रिकेट संघ (एमसीए) स्टेडियम में तीसरे अउर आखिरी टी-20 मैच के खातिर आमने-सामने होइहे। गुवाहाटी में खेलल गईल पहिला मैच बारिश अउर गीली पिच के कारण रद्द हो गईल रहे जबकि इंदौर में खेलल गईल दूसरे मैच में भारत ने एकतरफा जीत हासिल कइके सीरीज में 1-0 की बढ़त बना लिहले बाने। एह मैच के जीत मेजबान टीम साल के पहिला सीरीज अपने नाम कईले के कोशिश में होइ जबकि श्रीलंका बराबरी खातिर मैदान पर उतरी।

टीम इण्डिया के बात कईल जा तब बल्लेबाजी में लोकेश राहुल, श्रेयस अय्यर, कोहली अहम योगदान दिहले रहे। शिखर धवन के बल्लेबाजी पिछले मैच में निराश कईले रहे। चोट के बाद वापसी कर रहल धवन के भी बुमराह के तरह लय हासिल कईले में परेशानी होत रहे। वह गेंद के बल्ले पर सही तरह से सम्पर्क ना होत रहे। तीसरे मैच में धवन एक बार फिर फॉर्म में वापसी के कोशिश करीहे। भारत के खातिर बाकी सब कुछ सही रहल एही कारण से बदलाव के उम्मीद कम ही नजर आवत बाने। एही लिहाज से देखल जा तब संजू सैमसन के फिर मौका मिलत ना नजर आ रहल बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments