इंडियन प्रीमियर लीग(IPL) 2019 के दूसरे क्वालीफायर में चेन्नई सुपरकिंग्स दिल्ली कैपिटल्स के छह विकेट से हरा के सीजन-12 के फाइनल में पहुंच गईल बा | टॉस जीतकर पहिले गेंदबाजी कईला के फैसला चेन्नई सुपर किंग्स खातिर सही साबित भईल | पहिले बल्लेबाजी करते हुए दिल्ली कैपिटल्स निर्धारित 20 ओवर में 9 विकेट पर 147 रन ही बना पउले | जवाब चेन्नई सुपर किंग्स 19 ओवर में 4 विकेट पर 151 रन बनाके जीत हासिल कई लिहले एकरे साथ ही फाइनल में भी जगह बनौले |
क्वालीफायर-1 में मुम्बई इंडियंस के हाथो हार मिलला के बाद क्वालीफ़ायर -2 में दिल्ली कैपिटल्स से मैच खेले के पड़ल जेहमे एक बार फिर चेन्नई के किंग्स दिल्ली के कैपिटल्स पर भारी पड़ले | दिल्ली कैपिटल्स के बल्लेबाज एक बार फिर से चेन्नई के खिलाफ निराश कईले अउर अच्छा शुरुवात के ना भुना पवले | ऋषभ पंत एक बार फिर से दिल्ली खातिर बढ़िया बल्लेबाजी के प्रदेशन कईले अउर 25 गेंद पर दो चौके और एक छक्के के मदद से 38 रन के पारी खेलले | चेन्नई के तरफ से दीपक चाहर, हरभजन सिंह, रवींद्र जडेजा अउर ड्वेन ब्रावो दो-दो विकेट लिहले | एक विकेट इमरान ताहिर के भी मिलल | 148 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल चेन्नई के तरफ से डु प्लेसिस अउर वाटसन बढ़िया शुरुवात कईले अउर दुनो पहिले विकेट के खातिर 10.2 ओवर में 81 रन जोड़ले |