Tuesday, September 24, 2024
Homeव्यापारलगातार दूसरे महीना सस्ता भईल गैस सिलिंडर

लगातार दूसरे महीना सस्ता भईल गैस सिलिंडर

लगातार दूसरा महीना रसोई गैस सिलेंडर के कीमतों में भारी कटौती कईल गईल बा | एक  अगस्त से ग्राहक लोगन के एह कटौती के लाभ मिली |कहल जात बा कि  बिना सब्सिडी वाला रसोई गैस सिलेंडर के कीमत में 62.50 रुपये के कटौती कईल गईल बा | अंतरराष्ट्रीय बाजार में कीमत कम भईला के वजह से ग्राहकन के राहत दिहल जा रहल बा |

लगातार दूसरे महीना सस्ता भईल गैस सिलिंडर

बिना सब्सिडी वाला एलपीजी सिलेंडर 62.50 रुपए भईल हवे । नवका दाम गुरुवार से लागू हो जाई । इण्डेन कंपनी के बिना सब्सिडी वाले सिलेंडर के दिल्ली में कीमत 574.50 रुपए हो गईल बा । पहिले  इ 637 रुपए रहल। बिना सब्सिडी वाला सिलेंडर जुलाई में  100.50 रुपए सस्ता हो जाइ  । एह तरह दू महीने में 163 रुपए के कमी कईल गईल बा  । अब साल में 12 सिलेंडर सब्सिडी वाला रेट पर मिली।

इंडियन ऑइल कॉर्पोरेशन कहले बा कि बिना सब्सिडी एलपीजी के कीमत 574.50 रुपये प्रति सिलेंडर होइ | नवका  दर बुधवार के आधी रात से लागू हो जाई | ऐसे पहिले बिना सब्सिडी वाले एलपीजी सिलेंडर की कीमत में 100.50 रुपये प्रति सिलेंडर की कटौती कईल गईल रहे |

मिला जुला के पिछले एक महीने में बिना सब्सिडी वाला  एलपीजी सिलेंडर के कीमत में 163 रुपये के कमी कईल गईल बा  | बिना सब्सिडी वाला  घरेलू गैस सिलेंडर के दाम घटले के असर सब्सिडी वाले गैस सिलेंडर पर पड़ी . ग्राहकन के अगस्त में 14.2 किलो वाले सब्सिडी गैस सिलेंडर के 574.50 रुपये देवे के होइ , |हालांकि सब्सिडी LPG सिलेंडर के दाम में कउनो तरह के बदलाव देखे का नाही मिलत बा दिल्‍ली में फ़िलहाल सब्सिडी वाले LPG गैस सिलेंडर के कीमत 497.37 रुपये बा  | ऐसे पहिले जून में सब्सिडी वाले गैस सिलिंडर के कीमत में वृद्धि देखे के मिलल रहे |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments