उत्तराखंड के उत्तरकाशी में बादल फटला से भारी तबाही भईल बाने .बादल फटला से बाढ़ और भूस्खलन के कारण उत्तराखंड में के आठ जिला में त्राहि त्राहि मच गईल बाने | कई जगह भूस्खलन से पहाड़ टूट के सड़कों पर गिर रहल बाने | उत्तरकाशी, लामबगड़, बागेश्वर, चमोली अउर टिहरी में स्थिति अउर भी ख़राब बाने | स्कूल-कॉलेज बंद बाने | मौसम विभाग आज यानी सोमवार के भी बारिश का अलर्ट जारी कईले बा |
न्यूज़- एम्स अस्पताल (अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान) में लागल आग
मोरी क्षेत्र में भईल भारी बारिश अउर बादल फटला से ग्रामीणन के मलबा में दबला के संका बाने | सुदूरवर्ती क्षेत्र मोरी के गांव माकुड़ी, टिकोची अउर आराकोट भारी बारिश से सबसे ज्यादा प्रभावित भईल बाने | एनडीआरएफ के टीम बड़कोट से प्रभावित इलाके आराकोट में पहुंच गईल बा | रेस्क्यू टीम के मोरी तक पहुंचले के सूचना बाने | रास्ता ज्यादा टुटला से टीम के प्रभावित गांव में पहुंचले में काफी कठिनाइयन के सामना करे के पड़ रहल बा | मोरी में रेस्क्यू के खातिर दो हेलिकॉप्टर भी लगावल गयिल बाने |