Tuesday, September 24, 2024
Homeव्यापारPaytm के भईल 4217 करोड़ के नुकसान , अभिन तक के इ...

Paytm के भईल 4217 करोड़ के नुकसान , अभिन तक के इ हवे सबसे बड़ा घाटा

डिजिटल पेमेंट वर्ल्ड के सबसे बड़ी कंपनी Paytm के अभिन तक के सबसे बड़ा घाटा भईल बाने | Paytm के 4217 करोड़ के नुकसान भईल बा | कंपनी के सालाना रिपोर्ट के अनुसार एकरे एक साल पहिले उसे 1,604.34 करोड़ रुपये के घाटा भईल रहे यानी एक साल के भीतर कंपनी के घाटा बढ़के दोगुने से ज्यादा पहुंच गईल | पिछले वित्त वर्ष में वन97 कम्युनिकेशंस के अकेले 3,959.6 करोड रुपये के घाटा भईल रहे जबकि एकरे एक साल पहिले कंपनी के सिर्फ 1,490 करोड़ रुपये के घाटा भईल रहे |

कंसोलिडेटेड आधार पर कंपनी के 4,217 करोड़ रुपये के शुद्ध घाटा भईल हवे | इसमें पेटीएम मनी, पेटीएम फाइनेंशियल सर्विसेज, पेटीएम एंटरटेनमेंट सर्विसेज आदि के कारोबार शामिल बा | गौरतलब बाने कि वन97 कम्युनिकेशंस में पेटीएम के संस्थापक अऊर मैनेजिंग डायरेक्टर विजय शेखर शर्मा के हिस्सेदारी 15.7 फीसदी हवे शर्मा कहले कि भारी घाटा के बावजूद कंपनी अगले दो साल में बाजार से पूंजी उगाहे के खातिर आईपीओ ले अईला के विचार करी |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments