Tuesday, September 24, 2024
Homeव्यापारएयर इंडिया लगातार घाटे में, फिर से लागल 8,400 करोड़ के घाटा

एयर इंडिया लगातार घाटे में, फिर से लागल 8,400 करोड़ के घाटा

एअर इंडिया के वित्त वर्ष 2018-19 में 8,400 करोड़ रुपया के बड़हन घाटा लागल बा। एअर इंडिया पहिले से ही लंबे समय से पैसा के कमी से जूझ रहल बा अउर कर्ज के बोझ से दबल बा। ज्यादा ऑपरेटिंग कॉस्ट अउर फॉरेन एक्सचेंज लॉस के चलते कंपनी के भारी घाटा के पड़ल बा। एअर इंडिया के एक साल में जितना घाटा भईल बाने ओतना में तब एक नई एयरलाइंस शुरू कईल जा सकला।
देश में सफलता से चल रहल एयरलाइंस स्पाइसजेट के मार्केट कैपिटल महज 7,892 करोड़ रुपये बाने। यानी 8,000 करोड़ रुपये से कम पूंजी में ही एह एयरलाइंस के खरीदल जा सकला। वित्त वर्ष 2018-19 में एअर इंडिया के कुल आय 26,400 करोड़ रुपया रहे। एह दौरान कंपनी के 4,600 करोड़ रुपये के ऑपरेटिंग लॉस उठावे के पड़ल हवे बढ़ल तेल के दाम अउर पाकिस्तान के भारतीय विमानों के खातिर एयरस्पेस बंद कईला के बाद कंपनी के रोज 3 से 4 करोड़ रुपये के घाटा उठावे के पड़ रहल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments