Tuesday, September 24, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणबिहार में बाढ़ के कहर से अब तक भईल 73 लोगन के...

बिहार में बाढ़ के कहर से अब तक भईल 73 लोगन के मौत

बिहार में बारिश अउर बाढ़ से भईल हादसन में अबतक 73 लोगन के मौत हो चुकल बा। मूसलाधार बारिश के बाद राज्य के कई जिलन में जनजीवन पूरी तरह से अस्त व्यस्त भईल बा। 27 सितम्बर से 30 सितम्बर तक राज्य में भारी बारिश भईला से अउर नदियन के जल स्तर बढ़ला से पटना, भोजपुर, भागलपुर, नवादा, नालन्दा सहित प्रदेश के 14 जिलन में 85 प्रखण्ड के 477 पंचायतन के 1179 गांव में 18.70 लाख आबादी प्रभावित भईल बाने ओहि राजधानी पटना में अभीन तक बाढ़ के पानी जमा बाने जेसे कई इलाकन में पानी जमा भईला से बदबू फैल गईल बा।

मिलल जानकारी के अनुसार राज्य में बाढ पीडितन के खातिर 56 राहत शिविर अउर 366 सामुदायिक रसोई के संचालन कईल जा रहल बा। लोगन के मदद के खातिर कुल 979 सरकारी अउर निजी नाव के संचालन कईल जात बा एह जिलन में बाढ़ से प्रभावित व्यक्तियन के राहत अउर बचाव कार्य में एसडीआरएफ अउर एनडीआरएफ के कुल 21 टीमन के लगावल गईल बा एहमे गुवाहाटी से बुलवाल गइल एनडीआरएफ के अतिरिक्त चार टीम शामिल बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments