Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणबिहार सरकार : 6162 किलोमीटर ग्रामीण सड़क कईल जईहे अपग्रेड

बिहार सरकार : 6162 किलोमीटर ग्रामीण सड़क कईल जईहे अपग्रेड

बिहार में 6162 किलोमीटर ग्रामीण सड़कें अपग्रेड कईल जईहे। प्रधानमंत्री ग्राम सड़क योजना के तृतीय फेज के सर्वे 15 अक्टूबर से शुरू होइ। दो माह में सड़कन के सर्वे के काम पूरा हो जईहे। हर जिले में इ सर्वे कईल जाई कि तृतीय फेज में कउने कउने सड़क के अपग्रेड कईल जाय। तृतीय फेज में ओइसने ग्रामीण सड़कन के ही शामिल जाई जउन दस साल पुरानी होइहे। पीएमजीएसवाई तृतीय फेज के सड़कन के चयन के खातिर पांच प्रमुख मापदंड तय कईल गईल बाने। एहमे बसावट के जनसंख्या, बाजार के सुविधा, शिक्षा सुविधा, मेडिकल व परिवहन सुविधा शामिल बाने। हर मापदंड के खातिर अलग-अलग अंक निर्धारित कईल गईल बाने।

बसावट के जनसंख्या, मार्केट, शिक्षा, मेडिकल सुविधा पर 30-30 व परिवहन पर 10 अंक निर्धारित बाने। एह मापदंड पर जउन सड़क खरी उतरीहे ओहि के तृतीय फेज में शामिल कईल जाई। सड़कन के चयन प्राथमिकता के आधार पर होइ। यानी जो प्रखंड कार्यालय, स्थानीय बाजार, बस स्टैंड, पेट्रोल पंप, अस्पताल, स्कूल, कॉलेज, स्वास्थ्य केन्द्र, जीविका सेंटर, हाट बाजार के जोड़ी ओहिके प्राथमिकता दिहल जाई। एहमे भी पहिले उहे सड़क अपग्रेड होइहे जउन ग्रामीण कृषि बाजार, फूड प्रोसेसिंग सेंटर, कृषि मंडी, हायर सेकेंडरी स्कूल व अस्पताल के जोड़ीहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments