Wednesday, September 25, 2024
Homeराजनीतिगांगुली बनले बीसीसीआई के अध्यक्ष, मीडिया पर राजनीति भईल शुरू

गांगुली बनले बीसीसीआई के अध्यक्ष, मीडिया पर राजनीति भईल शुरू

पूर्व कप्तान सौरव गांगुली सोमवार के भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के नए निर्विरोध अध्यक्ष चुनल गईले । एह पर मीडिया में अटकलें चल रहल बा कि भाजपा अउर गांगुली के बीच 2021 में होवे वाले बंगाल चुनाव के लेके डील भईल ।एह पर गृह मंत्री अउर भाजपा अध्यक्ष अमित शाह एक चैनल को दिहले इंटरव्यू में एह खबर के गलत बतौले। शाह कहले कि हमने गांगुली के बीसीसीआई अध्यक्ष नाहीं बनौली अउर हम लोगन के बीच कउनो डील नाही भईल बा ।
गांगुली के निर्विरोध निर्वाचन के घोषणा 23 अक्टूबर के होइ । वे 10 महीने के खातिर बोर्ड के अध्यक्ष होइ। गांगुली 5 साल 2 महीने से बंगाल क्रिकेट एसोसिएशन के अध्यक्ष बाने। नए नियम के अनुसार, बोर्ड के कउनो भी सदस्य लगातार 6 साल तक ही कउनो पद पर रही । एकरे अलावा अमित शाह के बेटे जय के सचिव पद के खातिर अउर वित्त राज्यमंत्री अनुराग ठाकुर के छोटे भाई अरुण धूमल कोषाध्यक्ष चुनल गईल बाने।

Image Credit- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments