Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणदेश के 47वें CJI बनले जस्टिस बोबडे, मुख्य न्यायाधीश रंजन गोगोई के...

देश के 47वें CJI बनले जस्टिस बोबडे, मुख्य न्यायाधीश रंजन गोगोई के रिटायरमेंट के बाद लिहले शपथ

मुख्य न्यायाधीश रंजन गोगोई के रिटायरमेंट के बाद आज जस्टिस एस ए बोबडे देश के 47वें मुख्य न्यायाधीश के रूप में शपथ लिहले। राष्ट्रपति भवन में भईल कार्यक्रम में राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद ने जस्टिस बोबडे के पद एवं गोपनीयता के शपथ दिलवले। जस्टिस बोबडे शपथ ग्रहण के बाद अपने मां के पैर छूके आशीर्वाद लिहले।

एह कार्यक्रम में उप राष्ट्रपति वैंकेया नायडू, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह, पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह समेत कई वीवीआईपी मेहमान मौजूद रहले। शपथ ग्रहण के बाद हॉल में मौजूद लोग ताली बजाकर जस्टिस बोबडे के बधाई दिहले। जस्टिस बोबडे एह समय सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठतम जज हवे।

 

Image Credit- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments