भोजपुरी लाइव झारखण्ड डेस्क : झारखण्ड में आज पहिला चरण में 13 सीटन खातिर मतदान हो रहल बा . पोलिंग बूथ पर सुबह-सुबह ही लोग मतदान खातिर पहुच गइल बाने . चुनाव आयोग के अनुसार मतदान दोपहर तीन बजे तक चली . पहिला चरण में कुल 37,83,055 मतदाता 189 उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला करिहें . ए चरण में 27-चतरा (एससी), 68-गुमला (एसटी), 69-बिशुनपुर (एसटी), 72-लोहरदगा (एसटी), 73-मनिका (एसटी), 74- लातेहार (एससी), 75-पांकी, 76-डाल्टेनगंज, 77-विश्रामपुर, 78-छत्तरपुर (एससी),79- हुसैनाबाद, 80- गढ़वा और 81-भवनाथपुर सीट के लिए कुल 189 उम्मीदवार चुनाव मैदान में हैं जिनमें 174 पुरुष और 15 महिला उम्मीदवार बाने .
मुख्य निर्वाचन अधिकारी विनय कुमार चौबे संवाददाता सम्मेलन में बतइलें कि पहले चरण में 13 सीटन खातिर 30 नवम्बर को होवे वाले मतदान के लेकर सारा तैयारी पूरा कर लिहल गईल बा . उ बताएने कि 4,892 मतदान केंद्रों पर 37,83,055 मतदाता आपन मताधिकार के प्रयोग करिहें .