Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोटा के अस्पताल में अबतक 100 से ज्यादा नवजात बच्चा लोगन के...

कोटा के अस्पताल में अबतक 100 से ज्यादा नवजात बच्चा लोगन के भईल मौत

कोटा के अस्पताल में अबतक 100 से ज्यादा नवजात बच्चा लोगन के मौत हो चुकल बाने। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के एगो विशेष टीम राजस्थान के कोटा स्थित जे.के. लोन हॉस्पिटल भेजल गईल बाने। एह टीम में जोधपुर एम्स के विशेषज्ञ डॉक्टर, स्वास्थ्य, वित्त अउर क्षेत्रीय निदेशक शामिल बाने। एकरे अलावा जयपुर से भी विशेषज्ञ लोगन के एहमे शामिल कईल गईल बा। कोटा स्थित एह अस्पताल में उपचार के दौरान बीते दिसंबर माह में लगभग 100 बच्चा लोगन के मौत हो चुकल बा।

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री डॉ. हर्षवर्धन बतवले कि उनके एह बारे में राजस्थान के मुख्यमंत्री से बात कईले हवे उनके मुताबिक, केंद्र सरकार ने राजस्थान सरकार के बच्चा लोगन के इलाज में हर संभव मदद कईले के भरोसा दिहले बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments