ईरान के ओर से इराक में अमेरिकी ठिकानन पर मिसाइल अटैक के कुछ घंटे बाद बुधवार के एक बोइंग प्लेन ईरान में क्रैश कई गईल। अब ईरान क्रैश के लेके आपन गलती स्वीकार कई लिहले बा। ईरान के कहनाम बा कि मानवीय भूल के वजह से उ अपने विमान मार गिरवले। इससे पहिले ईरान कहले कि विमान में खराबी की वजह से हादसा भईल रहे।
बोइंग विमान में 176 लोग सवार रहले। सब लोगन के मौत हो गईल। यूक्रेन इंटरनेशनल एयरलाइन्स के विमान में सवार यात्रियन में सबसे अधिक (82) ईरान के ही रहले। ईरान के 82 लोगन के साथ 63 कनाडाई, यूक्रेन के 11, स्वीडन के 10, अफनागिस्तान के 4, जर्मनी के 3 अउर यूके के 3 लोग सवार रहले।
Image source – social media