Saturday, September 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकेरल में गर्भवती हथिनी के हत्या मामला में भइल गिरफ्तारी

केरल में गर्भवती हथिनी के हत्या मामला में भइल गिरफ्तारी

न्केयूज़ डेस्क : नई दिल्ली

केरल राज्य के वन मंत्री के राजू से मिलल खबर के अनुसार पलक्कड़ जिले में गर्भवती हथिनी की निर्मम हत्या के मामला में एक आरोपी के गिरफ्तारी भइल बा । 

गुरुवार को मुख्यमंत्री पिनराई विजयन कहले रहने कि जांच टीमों तीन संदिग्ध लोगन पे नजर रखले बिया । उ कहने कि केंद्रीय मंत्री सहित कुछ लोग घटना के इस्तेमाल राज्य की छवि के खराब करने खातिर करत बाने । विजयन कहने कि घटना में दोषी मिले वाला पर कड़ी कार्रवाई करल जाई । घटना के जांच कर रहल केरल पुलिस और वन विभाग के अपराध शाखा के टीम घटनास्थल के दौरा कइलस और सबूत जुटइलस ।

राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान टि्वटर पर घटना पे दुख और रोष जतइलें और कहलें कि केरल और बाहर से हजारों याचिकाएं दायर भइल बा और इ दुखद घटना से सब में रोष बा ।

केंद्रीय पर्यावरण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर कहने कि कि पटाखा खिलाकर हत्या , भारत के संस्कृति ना बा और सरकार दोषियन के न्याय के कठघरे में लावे में कउनो कसर ना छोड़ी ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments