न्यूज़ डेस्क : कानपुर (रोहित बाजपेई )
यूपी के कानपुर के चौबेपुर थानाक्षेत्र के बिकरू गांव मे पुलिस और कुख्यात हिस्ट्रीशीटर विकास दुबे के पकड़े गईल पुलिस टीम पर अचानक बदमाश लोग घेरकर गोली बरसा दिहलें । इ मुठभेड़ में सीओ और शिवराजपुर एसओ सहित 8 पुलिसकर्मी शहीद हाे गइल बाने ।
आधी रात दबिश देवे गइल पुलिस टीम पर छत और खिड़कियों से फायरिंग करल गइल । इ घटना मे कई पुलिसकर्मी गंभीर रूप से घायल भइल बाने । शुक्रवार सुबह तक जारी मुठभेड़ में पुलिस विकास दुबे के दो रिश्तेदारन के ढेर कर दिहले बिया । बतावल जात बा की विकास के मामा और चचेरे भाई मुठभेड़ में मार दिहल गइल बाने हैं।
घटनास्थल से AK-47 के खोखा मिलल बा . करीब दो दर्जन लोगन के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहल गइल बा । इसके साथ ही शहर से बाहर जाने वाले सभी टोल-नाकों की सीसीटीवी फुटेज की जांच की जाच चलत बा । पूरे इलाके के लोगन के कॉल डिटेल खंगालल जात बा । आस-पास के जिलन के पुलिस के भी अलर्ट क्र दिहल गइल बा । बदमाशन के तलाश शुरू हो गइल बा . जिलों की एसटीएफ यूनिट के भी बदमाशों की तलाश में लगाइल गइल बा ।
शहीद पुलिसकर्मी लोगन के नाम :
1-देवेंद्र कुमार मिश्र,सीओ बिल्हौर
2-महेश यादव,एसओ शिवराजपुर
3-अनूप कुमार,चौकी इंचार्ज मंधना
4-नेबूलाल, सब इंस्पेक्टर शिवराजपुर
5-सुल्तान सिंह कांस्टेबल थाना चौबेपुर
6-राहुल ,कांस्टेबल बिठूर
7-जितेंद्र,कांस्टेबल बिठूर
8-बबलू कांस्टेबल बिठूर
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात के बाद डीजीपी हितेश चंद्र अवस्थी कानपुर खातिर रवाना हो गइल बाने । कानपुर में घटना के जाच के बाद डीजीपी एचसी अवस्थी, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आपन रिपोर्ट दिहें । एडीजी लॉ एंड ऑर्डर और आईजी एसटीएफ कानपुर में कैंप करत बाने ।