Friday, September 27, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणगनी भाई और जयकांत श‍िकरे के असल जिंदगी कईसन बा, बेटे के...

गनी भाई और जयकांत श‍िकरे के असल जिंदगी कईसन बा, बेटे के मौत से जिंदगी में भूचाल आ गईल रहे

पांच बार राष्‍ट्रीय फिल्‍म पुरस्‍कार (National Film Award), 6 बार नंदी अवॉर्ड, 8 बार तमिलनाडु स्‍टेट फिल्‍म अवॉर्ड, 5 फिल्‍मफेयर अवॉर्ड (साउथ), 3 वियज अवॉर्ड, 4 SIIMA अवॉर्ड और 3 सिनेमा अवॉर्ड। बेंगलुरु (मैसूर राज्‍य) में पैदा भईल दिग्‍गज ऐक्‍टर प्रकाश राज (Prakash Raj) के जिंदगी के ई उ सुनहरे पल बा, जवन कउनहु भी ऐक्‍टर के खातिर एक सपना होला। 26 मार्च 1965 के प्रकाश राज के जन्म भईल। तमिल, तेलुगू, मलयालम अउर कन्‍नड़ फिल्‍मन के एक अईसन अभ‍िनेता , जेकरे आगे बड़े-बड़े ऐक्‍टर भी बौने नजर आवेळ। बॉलिवुड में प्रकाश राज ‘वॉन्‍टेड’ (Wanted) और ‘सिंघम’ (Singham) से आपन एक अलग पहचान बनईले। गनी भाई और जयकांत श‍िकरे के किरदार उनके खूब पॉप्‍युलैरिटी देहलस। लेकिन प्रकाश राज क निजी जीवन (Prakash Raj Personal Life) इतना सुहाना कभी ना रहल।

इधर डेब्‍यू, उधर ऐक्‍ट्रेस ललिता कुमारी से शादी

प्रकाश राज पर तेलुगू फिल्‍म इंडस्‍ट्री छह बार बैन लगईलस। प्रकाश राज क असली नाम प्रकाश राय बा। हालांकि, जब उ तमिल फिल्‍म में डेब्‍यू करत रहलन , तब डायरेक्‍टर के कहले पर उ आपन सरनेम राय से राज कर लेहले। प्रकाश राज जउने साल तमिल फिल्‍मन में डेब्‍यू कईलें, ओही साल यानी 1994 में उ तमिल फिल्‍मों के ही ऐक्‍ट्रेस ललिता कुमारी (Prakash Raj Lalitha Kumari Wedding) से शादी कर लेहलें। प्रकास राज के जिंदगी के राह में सबकुछ रहे, एक प्‍यारी सी बीवी, हंसता-खेलता परिवार और सिनेमा के दुनिया में स्‍टारडम। लेकिन 2004 में प्रकाश राज के जिंदगी में भूचाल आ गयल। उनके बेटे के मौत हो गईल।

2009 में तलाक, 2010 में पोनी वर्मा से शादी

बेटे के मौत के बाद प्रकाश राज अउर उनकी पत्नी ललिता के रिश्ते बदल गयल। हालात इतना बुरा हो गईल कि 2009 में दोनों एक-दूसरे के तलका दे देहले। पहली पत्नी से तलाक के ठीक एक साल बाद 2010 में प्रकाश राज दूसरी शादी कर लेले। उनकी दूसरी बीवी बॉलीवुड कोरियोग्राफर पोनी वर्मा बानी, जे उनसे उम्र में 12 साल छोटी बानी। (Prakash Raj Pony Verma Wedding) प्रकाश के मुताबिक, पोनी से उनकर पहली मुलाकात तब भईल, जब ललिता के साथ उनकर तलाक क केस चलत रहे।

पोनी वर्मा के एक परिचय ई भी बा कि उ विद्या बालन के फिल्म ‘द डर्टी पिक्चर’ के सॉन्ग ‘उलाला उलाला’ के डांस कोरियोग्राफ कइले रहली। प्रकाश राज पोनी से अगस्‍त, 2010 में शादी कईले रहे। 50 साल के उम्र में उ एक बार फिर पिता बनले। प्रकाश राज ललिता कुमारी के भले तलाक दे देले बालन, लेकिन बेटियन के साथ उनकर रिश्‍ता आज भी एक अच्‍छे पिता के बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments