Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपूर्वोत्तर में तेज भूकंप:असम में 6.4 तीव्रता केभूकंप , उत्तरी बंगाल में...

पूर्वोत्तर में तेज भूकंप:असम में 6.4 तीव्रता केभूकंप , उत्तरी बंगाल में भी झटके महसूस कयल गयल

असम में बुधवार सुबह 6.4 तीव्रता के भूकंप आयल। नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी के मुताबिक ई भूकंप सुबह 7.51 बजे आयल। एकर केंद्र (एपिसेंटर) सोनितपुर जिले में रहे। भूकंप से उत्तर-पूर्व के साथ ही उत्तर बंगाल के कई इलाका में भी तेज झटका महसूस कयल गयल। असम के मंत्री हेमंत बिस्व शर्मा भी सोशल मीडिया पर लिखले कि उ तेज झटका महसूस कईले बाने। गुवाहाटी समेत कई जगहन से दीवार टूटे और बड़ी दरारें आवे क तस्वीरें सामने आईल बा। राहत के बात ई बा कि अभी तक केहू के जान जाए के खबर ना आईल बा।

असम के मुख्यमंत्री सर्बानंद सोनोवाल कहले कि लोगन के सलामती के प्रार्थना करते हुए सभी से सतर्क रहे के अपील कर रहल बानी। भूकंप के बारे में सभी जिला से अपडेट लेबल जा रहल बा। वहीं प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी और गृह मंत्री अमित शाह भी असम के मुख्यमंत्री से बात कर केंद्र सरकार की तरफ से हरसंभव मदद के भरोसा देले बाने।

कईसे नापल जाला भूकंप के तीब्रता
भूकंप के तीव्रता के अंदाजा उसके केंद्र (एपिसेंटर) से निकले वाली ऊर्जा के तरंगों से लगावल जाला। सैकड़ों किलोमीटर तक फैलल इ लहर से कंपन से भूकंप आवेला। धरती में दरार तक पद जाला। भूकंप के केंद्र कम गहराई पर होला तो इससे बाहर निकलने वाली ऊर्जा सतह के काफी करीब होले, जेसे बड़ी तबाही होल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments