Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणयूपी में तार-तार मानवता, साईकिल पर लेके घूमर रहल पत्नी के शव,...

यूपी में तार-तार मानवता, साईकिल पर लेके घूमर रहल पत्नी के शव, स्थानी लोग ना करे देलें अंतिम संस्कार

कोरोना संकट के बीच उत्तर प्रदेश के जौनपुर से मानवता के शर्मसार करे वाली घटना सामने आईल बा। जिले के मड़ियाहूं थाना क्षेत्र के अम्बरपुर गांव में एक पति अपने पत्नी के अंतिम संस्कार के खातिर साइकिल पर शव रख के अंतिम संस्कार के लिए भटकत रहल। मुश्किल से लड़ के शख्स जब अंतिम संस्कार के लिए घाट किनारे पहुंचल त ग्रामीण इलाके में कोरोना संक्रमण के डर बताके अंतिम संस्कार से रोक देले। मानवता के तार-तार करे वाली इ घटना के जानकारी जब पुलिस के मिलल त पुलिस जौनपुर के रामघाट पर मृत महिला के अंतिम संस्कार करवइलस

जानकारी के मुताबिक, जिले के अम्बरपुर गांव के रहे वाली राजकुमारी देवी के तबीयत कुछ दिन पहले खराब हो गई ल रहे। पत्नी के तबीयत बिगड़ता देख उनकर पति तिलकधारी सिंह उनके जिला अस्पताल ले गईलें, जहां इलाज के दौरान उनकर मौत हो गईल। मौत के बाद अस्पताल के ऐंबुलेंस से उसके शव के गांव पहुचावल गयल।

कोरोना के डर से नहीं कोई ना आयल आगे
कोरोना के डर के कारण कोई भी शव के अंतिम संस्कार में शामिल होने के लिए ना आयल। पत्नी के अंतिम संस्कार के खातिर तिलकधारी सिंह उसके शव के साइकिल पर रख श्मशान घाट पहुंचले त ग्रामीणों विरोध करके उनके अंतिम संस्कार से रोक देले। मामले के जानकारी जब स्थानीय पुलिस के हुई त पुलिस मौके पर पहुंचके पूरे रीति रिवाज के साथ शव के अंतिम संस्कार करवइलस।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments