सरकार वित्त वर्ष 2021-22 के लिए सॉवरेन गोल्ड बांड के पहली बिक्री के लेके इश्यू प्राइस जारी कर देले बा। इ सीरीज के तहत सॉवरेन गोल्ड बॉन्ड के बिक्री 17-21 मई के दौरान होइ अउर सेटलमेंट डेट 25 मई 2021 रही। सब्सक्रिप्शन पीरियड के दौरान बॉन्ड के इश्यू प्राइस 4,777 रुपये प्रति ग्राम रही। यानी प्रति 10 ग्राम के कीमत 47770 रुपये होई। ई जानकारी वित्त मंत्रालय द्वारा जारी एक बयान से मिलल बा। ए बारे में भारतीय रिजर्व बैंक भी विज्ञप्ति जारी कर देले बा।
केके मिली 50 रुपये प्रति ग्राम के डिस्काउंट
मंत्रालय के बयान में कहल गयल कि भारत सरकार ने भारतीय रिजर्व बैंक (Reserve Bank of India) के साथ चर्चा कर ई फैसला कयल गयल कि सॉवरेन गोल्ड बॉन्ड के खातिर ऑनलाइन अप्लाई करे वाले और डिजिटल तरीके से पेमेंट करे वाले निवेशकन के इश्यू प्राइस पर 50 रुपये प्रति ग्राम के डिस्काउंट देबल जाई। ऐसे निवेशकन के लिए गोल्ड बॉन्ड के इश्यू प्राइस 4,727 रुपये प्रति ग्राम रही।
छह किस्त में बिकी ई बांड
रिजर्व बैंक (RBI) द्वारा जारी बांड के इ स्कीम में बैंक (Bank) के जरिए भी निवेश कयल जा सकेला। केंद्रीय वित्त मंत्रालय से मिलल सूचना के मुताबिक सॉवरेन गोल्ड बांड मई से लेके सितम्बर के बीच छह किस्तों में जारी कयल जाई। वित्त वर्ष 2021-22 के पहली किस्त के तहत 17 से 21 मई के बीच खरीद कयल जा सकेला।
कइसे लेबल जा सकेला ई ब्रांड
वित्त मंत्रालय के मुताबिक, कोई भी व्यक्ति अउर हिंदू अविभाजित परिवार अधिकतम चार किलो मूल्य तक के गोल्ड बॉन्ड खरीद सकेला। जबकि, ट्रस्ट और समान संस्था के लिए खरीद के अधिकतम सीमा 20 किलो बा। सॉवरेन गोल्ड बॉन्ड खरीदने के लिए अपने ग्राहक के जानो (केवाईसी) संबंधी मानदंड वईसे ही होई जईसे कि बाजार से सोना खरीदत समय होला।