Tuesday, September 24, 2024
Homeटॉप स्टोरीकोर्ट में आजम खान के देख बोलले पीड़ित- हां, इहे मारा-पीटा और...

कोर्ट में आजम खान के देख बोलले पीड़ित- हां, इहे मारा-पीटा और चोरी कर ले गईले भैंस 

रामपुर के शहर कोतवाली क्षेत्र में यतीमखाना बस्ती के खाली करे के नाम पर घर में घुसकर मारपीट, लूटपाट और डकैती के साथ ही भैंस चोरी के मामला में दो पीड़ितों ने कोर्ट पहुंचकर सभी आरोपि के शिनाख्त कईले और उनकर खिलाफ बयान दर्ज करवले।

पहचानल गईल आरोपि में शहर विधायक आजम खान के साथ ही रिटायर सीओ आले हसन और सपा के मौजूदा जिलाध्यक्ष वीरेंद्र गोयल समेत अन्य आरोपी भी बाड़े। अब पीड़ितों से छह मई के जिरह होई। सपा सरकार में शहर कोतवाली क्षेत्र के यतीमखाना बस्ती में स्कूल बनावे के नाम पर बस्ती के खाली करावल गईल रहे। एह दौरान लूटपाट, डकैती और चोरी के साथ मारपीट तक के आरोप लगल रहे।

एह मामला के रिपोर्ट भाजपा सरकार आवे के बाद दर्ज करावल गईल रहे। शहर कोतवाली में एह तरह के 12 मामले दर्ज भईल रहे। पुलिस इन सभी मामला में चार्जशीट दाखिल कर चुकल बा। तीन मामला में कोर्ट में आरोप भी तय हो चुकल बा। कोर्ट में आरोप तय होखे के बाद अब गवाही शुरू हो गईल बा।

वीडियो कांफ्रेंसिंग से आजम की पहचान कईल गईल
एह मामला में सराय गेट निवासी मोहम्मद याकूब और मुन्ने सोमवार के कोर्ट में पहुंचकर बयान दर्ज करवले। एह दौरान उ चार भैंसों के चोरी के पुष्टि कईले। एह दौरान आजम खां के सीतापुर जेल से वीडियो कांफ्रेसिंग के जरिए पेशी भईल, जबकि रिटायर सीओ आले हसन, सपा जिलाध्यक्ष वीरेंद्र गोयल व एक आरोपी ठेकेदार कोर्ट में पेश भईले। पीड़ित उनकर शिनाख्त के और अपने पूर्व में दिए गईल बयान के दोहरवले। सहायक शासकीय अधिवक्ता कमल कुमार गुप्ता के अनुसार इ प्रकरण में गवाही पूरी हो गईल बा। अब जिरह होखे क बा। इ मामला के सुनवाई छह मई को होई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments