बाबासाहेब भीमराव अम्बेडकर के जयंती पर बसपा सुप्रीमो मायावती उनके श्रद्धांजलि दिहली। इ मौका पर विरोधियों पर निशाना साधते हुए मायावती कहली कि जातिवादी सरकार उपेक्षित वर्ग के नेताओं के आपन समाज के भला करे के छूट नइखे देत। यदि कोई कुछ करे के प्रयास करत बा त ओके दूध के मक्खी के तरह निकाल-बाहर कर दिहल जात बा।
एक ट्वीट के जरिए बसपा सुप्रीमो कहली कि इहां अब तक अइसन ही होत रहल बा । इहे वजह से इन वर्गों के हालत अभी तक मजबूर और लाचार बनल बा। मायावती कहली कि इ स्थिति अत्यंत दुखद बा। मायावती कहली कि जातिवादी मानसिकता से ग्रस्त विरोधी पार्टियों व इनकी सरकारें बाबा साहेब डा. अम्बेडकर के संघर्षों व संदेशों के कितना ही अवहेलना करके उनके अनुयाइयों पर शोषण, अन्याय-अत्याचार व द्वेष आदि जारी रखें, किन्तु उनके आत्म-सम्मान व स्वाभिमान के बीएसपी मूवमेन्ट रुके और झुके वाला नइखे।
बाबा साहेब के प्रति श्रद्धांजलि व्यक्त करते हुए मायावती लिखली- ‘संविधान शिल्पी परमपूज्य बाबा साहेब डा. भीमराव अम्बेडकर के जयंती पर उनके अनुयाइयों की ओर से उन्हें शत्-शत् नमन व हार्दिक श्रद्धा-सुमन। करोड़ों कमजोर व उपेक्षित वर्गों तथा मेहनतकश समाज आदि के हित व कल्याण के प्रति उनकर महान व ऐतिहासिक योगदान के खातिर देश हमेशा ऋणी व कृतज्ञ रही।’