Friday, September 27, 2024
Homeटेक्नोलॉजीAirtel के इ नया पैक में मिली 50 GB डेटा

Airtel के इ नया पैक में मिली 50 GB डेटा

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

Airtel 251 रुपये के एक नया 4G डेटा वाउचर लॉन्च कइले बा । इ प्रीपेड डेटा पैक ग्राहकन के कुल 50 जीबी डेटा दी और इ बिना किसी वैधता के साथ आवेला । इ नया पैक पर कउनो दैनिक डेटा कैप नाहि बा, सब्सक्राइबर अपनी सुविधानुसार 50 जीबी डेटा के इस्तेमाल कर सकेलें । इ डेटा पैक के वैधता आपके मौजूदा बेस पैक के वैधता के हिसाब से रही , जेकर रीचार्ज आप कॉल करे और एसएमएस खातिर करइले होखब । एकरा साथे टेलीकॉम ऑपरेटर आपन 98 प्रीपेड प्लान के वैधता में भी बदलाव कइले बाने ।

Airtel आपन 98 रुपये के डेटा वाउचर के वैधता में भी बदलाव कइले बा । पहले इ प्लान 28 दिन के वैलिडिटी के साथ आवत रहल , लेकिन अब इ आपके मौजूदा बेस प्लान के साथ जुड़ जाई । कहे के मतलब इ बा कि इ पैक भी नए 251 रुपये के तरह ही जाई , जेमे आपके मौजूदा के साथ कुल 12 जीबी डेटा मिल जाई , इ पैक के कोई मूल वैधता नाही होई । कुछ दिन पहले ही एयरटेल इ प्लान पर मिले वाले देटा के दोगुना कइलस रहल , जेकरा बाद इस पैक में 6 जीबी डेटा के बजाय 12 जीबी डेटा मिले लागल । दोनों प्लान के कंपनी की वेबसाइट पर एयरटेल के प्रीपेड प्लान सेक्शन के अंदर देखल जा सकेला ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments