Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकरप्शन केस में अनिल देशमुख के मुश्किलें बढ़ल, CBI दर्ज कईलस पहला...

करप्शन केस में अनिल देशमुख के मुश्किलें बढ़ल, CBI दर्ज कईलस पहला FIR

महाराष्ट्र के पूर्व गृह मंत्री अनिल देशमुख (Anil Deshmukh) के मुश्किलें बढ़त जा रहल बा. केंद्रीय जांच ब्यूरो (CBI) शनिवार के उनके खिलाफ एफआईआर दर्ज कईलस. मुंबई के पूर्व पुलिस आयुक्त परमबीर सिंह (Param Bir Singh) द्वारा लगावल गयल भ्रष्टाचार के आरोप के लेके सीबीआई ई कदम उठवले बा. एकरे अलावा, जांच एजेंसी मुंबई में कई जगहन पर छापा भी मारले बा. एसे पाहिले, सीबीआई देशमुख से करीब 11 घंटे पूछताछ कइले रहे

पूर्व पुलिस आयुक्त परमबीर सिंह मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे के एक पत्र लिखके l आरोप लगाईले कि गृह मंत्री रहते हुए अनिल देशमुख पुलिस अधिकारियन के मुंबई के बार, रेस्तरां अउर होटल आदि से पैसा इकट्ठा करे के आदेश देले रहलें. जेकरे बाद CBI देशमुख के 14 अप्रैल के पूछताछ के खेतिर बोलइले रहे l. बता देंही कि देशमुख शुरुआत से अपने ऊपर लगल आरोपों से इनकार करत रहले. वहीं, राज्य सरकार भी उनके बचाव कईले रहे, लेकिन सीबीआई जांच के मद्देनजर देशमुख के अपने पद से इस्तीफ़ा दे देलें

परमबीर सिंह के याचिका पर बॉम्बे हाई कोर्ट (Bombay High Court) अनिल देशमुख के खिलाफ सीबीआई जांच के आदेश देले रहे. जेकरे बाद हरकत में आईल जांच एजेंसी ने देशमुख के दो निजी सहायकन से पूछताछ कइले रहे. एकरे अलावा केंद्रीय एजेंसी एनआईए के गिरफ्त में चल रहे मुंबई पुलिस के निलंबित एपीआई सचिन वझे (Sachin Vaze) के दो ड्राइवरों से भी पूछताछ कयल गयल. CBI इ मामला में हर पहलू के बारीकी से जांच कर रहल बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments