Saturday, September 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकानपुर देहात में हिस्ट्रीशीटर के पकड़े गईल पुलिस टीम पर हमला ,डिप्टी...

कानपुर देहात में हिस्ट्रीशीटर के पकड़े गईल पुलिस टीम पर हमला ,डिप्टी एसपी समेत आठ पुलिसकर्मी शहीद

न्यूज़ डेस्क : कानपुर (रोहित बाजपेई )

यूपी के कानपुर के चौबेपुर थानाक्षेत्र के बिकरू गांव  मे पुलिस और कुख्यात हिस्ट्रीशीटर विकास दुबे के पकड़े गईल पुलिस टीम पर अचानक बदमाश लोग घेरकर गोली बरसा दिहलें । इ मुठभेड़ में सीओ और शिवराजपुर एसओ सहित 8 पुलिसकर्मी शहीद हाे गइल बाने । 

आधी रात दबिश देवे गइल पुलिस टीम पर छत और खिड़कियों से फायरिंग करल गइल । इ घटना मे कई पुलिसकर्मी गंभीर रूप से घायल भइल बाने । शुक्रवार सुबह तक जारी मुठभेड़ में पुलिस विकास दुबे के दो रिश्तेदारन के ढेर कर दिहले बिया । बतावल जात बा की विकास के  मामा और चचेरे भाई मुठभेड़ में मार दिहल गइल बाने हैं।

vikash dubey

घटनास्थल से AK-47 के खोखा मिलल बा . करीब दो दर्जन लोगन के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहल गइल बा । इसके साथ ही शहर से बाहर जाने वाले सभी टोल-नाकों की सीसीटीवी फुटेज की जांच की जाच चलत बा । पूरे इलाके के लोगन के कॉल डिटेल खंगालल जात बा । आस-पास के जिलन के पुलिस के भी अलर्ट क्र दिहल गइल बा । बदमाशन के तलाश शुरू हो गइल बा . जिलों की एसटीएफ यूनिट के भी बदमाशों की तलाश में लगाइल गइल बा ।

शहीद पुलिसकर्मी लोगन के नाम : 

1-देवेंद्र कुमार मिश्र,सीओ बिल्हौर
2-महेश यादव,एसओ शिवराजपुर 
3-अनूप कुमार,चौकी इंचार्ज मंधना
4-नेबूलाल, सब इंस्पेक्टर शिवराजपुर 
5-सुल्तान सिंह कांस्टेबल थाना चौबेपुर 
6-राहुल ,कांस्टेबल बिठूर 
7-जितेंद्र,कांस्टेबल बिठूर 
8-बबलू कांस्टेबल बिठूर

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात के बाद डीजीपी हितेश चंद्र अवस्थी कानपुर खातिर रवाना हो गइल बाने । कानपुर में घटना के जाच के बाद डीजीपी एचसी अवस्थी, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आपन रिपोर्ट दिहें । एडीजी लॉ एंड ऑर्डर और आईजी एसटीएफ कानपुर में कैंप करत बाने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments