भोजपुरी लाइव बिहार डेस्क : बिहार के मंत्री संजय कुमार झा बृहस्पतिवार के बतइलें कि प्रस्तावित दरभंगा हवाई अड्डे का नाम प्रसिद्ध मैथिली कवि विद्यापति के नाम पर रखल जाई और एकरा खातिर केंद्र के सहमति मिल गइल बा . बिहार विधानमंडल के शीतकालीन सत्र के अंतिम दिन विधानसभा में संजय कुमार झा बतइलें कि, ‘‘दरभंगा हवाई अड्डा हम में से कई लोगों के लिए एक ‘ड्रीम प्रोजेक्ट’ रहा है और मैं व्यक्तिगत रूप से कई वर्षों से हर स्तर पर इसके मामले को आगे बढ़ा रहा हूं.”
उ कहलें की कि दरभंगा में हवाई अड्डे पर सिविल एन्क्लेव का उद्घाटन कइल जाये के समय दिसंबर 2018 में विद्यापति के नाम पर दरभगा हवाई अड्डे का नाम रखे के प्रस्ताव पहली बार मुख्यमंत्री नीतीश कुमार रखले रहलें . झा कहले कि इ बात पर कउनो गलतफहमी ना होने के चाहीं काहे कि तत्कालीन केंद्रीय मंत्री सुरेश प्रभु एके सहमती दे दिहले रहले . उ कहने कि, “हम रक्षा विभाग से आवश्यक मंजूरी प्राप्त करने और इंडिगो तथा स्पाइसजेट जैसी एयरलाइंस द्वारा दरभंगा हवाई अड्डे से जल्द ही अपनी उड़ान शुरू करने को लेकर प्रयासरत हैं.”