Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणअमेरिका के इनकार से इकरार तक लावे वाले अजित डोभाल के जमकर...

अमेरिका के इनकार से इकरार तक लावे वाले अजित डोभाल के जमकर तारीफ।

भारत में कोरोना के दूसरी लहर से पैदा संकट से निपटे के खातिर अमेरिका के आगे अईले के बाद से राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजित डोभाल चर्चा में बाने। अजित डोभाल अपने अमेरिकी समकक्ष जेक सुलिवन से से ई मसले पर बात करीहें। उनके बातचीत के बाद ही अमेरिका के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार और फिर राष्ट्रपति जो बाइडेन भारत के कोविशील्ड वैक्सीन के लिए कच्चे माल के सप्लाई के वादा कइले बा। इ ऐलान के बाद से ही अजित डोभाल ट्विटर के टॉप ट्रेंड में बा। कई ट्विटर यूजर्स के कहना बा कि जहां अजित डोभाल बाने वहां राह बा। अमेरिका के इनकार से इकरार तक लावे वाले अजित डोभाल के जमकर तारीफ कायल जा रहल बा।

ए बीच अमेरिका के जॉन एफ. केनेडी एयरपोर्ट से 318 ऑक्सीजन कन्सनट्रेटर्स के लेके एयर इंडिया के विमान दिल्ली के लिए रवाना हो गयल बा। एकरे अलावा संयुक्त अरब अमीरात, सऊदी अरब भी ऑक्सीजन के सप्लाई में भारत के मदद क पेशकश कइले बाने। अमेरिका अपने नजदीकी एयरबेस से कहलस कि उ ऑक्सीजन जनरेटर्स के एयरलिफ्ट करे। एकरे अलावा रेमडेसिविर इंजेक्शन और कोविशील्ड वैक्सीन के कच्चे माल के सप्लाई भी शुरू कयल जाए। अमेरिका कहलस कि उ भारत के वैक्सीन के कच्चे माल के सप्लाई के लिए हरसंभव प्रयास कर रहल ब।

अब तक 9 देश देले भारत के मदद क भरोसा
आधिकारिक सूत्रों के मुताबिक यूएई बतईले बा कि भारत के वैक्सीन क बड़ी खेप भेजल जा रहल बा। एकरे अलावा सऊदी अरब के ओर से भी ऑक्सीजन जनरेटर्स के सप्लाई करात बा। ब्रिटेन के ओर से भी बड़ी संख्या में ऑक्सीजन जनरेटर्स के सप्लाई कयल जा रहल ब। भारत के अब तक कुल 9 देश के ओर से कोरोना संकट में मदद क भरोसा मिलल बा। जर्मनी, कनाडा, अमेरिका, ब्रिटेन, सऊदी अरब, यूएई, फ्रांस और पाकिस्तान के ओर से भारत के कोरोना संकट से निपटने में मदद क ऑफर देबल गयल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments