Saturday, September 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना वायरस के नया स्ट्रेन भइल बेकाबू, कई देश ब्रिटेन से विमान...

कोरोना वायरस के नया स्ट्रेन भइल बेकाबू, कई देश ब्रिटेन से विमान सेवा पर लगइले रोक

न्यूज़ डेस्क : ग्लोबल

कोरोना वायरस के नया खतरनाक रूप “स्ट्रेन” आपन कहर ढाइल शुरू कर दिहले बा .एकर खतरा के भांपते हुए जर्मन सरकार ब्रिटेन और दक्षिण अफ्रीका के उड़ान पर रोक लगावे वाला बिया. जर्मनी के स्वास्थ्य मंत्री सूत्रन के रविवार के इ जानकारी दिहलें .कोरोना वायरस के नया खतरा के देखकर बेल्जियम और नीदरलैंड पहले ही ब्रिटेन से विमान और ट्रेन सेवा रोक चुकल बाने .

ब्रिटिश प्रधानमंत्री बोरिस जानसन ने लंदन और साउथईस्ट इंग्लैंड के तमाम इलाकन में 30 दिसंबर तक लॉकडाउन के ऐलान कइले बा . इन इलाकन में कोरोना के उ स्ट्रेन मिलल बा , जउन की मूल वायरस से 70 फीसदी ज्यादा संक्रामक पाइल गइल बा . बेल्जियम के फैसले से विमान सेवा के साथ यूरोस्टार ट्रेन सेवाओं के संचालन भी प्रभावित भइल बा .

कोरोना वायरस का नया रूप सामने आवे के बाद जर्मनी, इटली, बेल्जियम, डेनमार्क, बुल्गारिया, आयरिश रिपब्लिक, तुर्की और कनाडा के यहां से विमानन के आवाजाही पर रोक लगावे के बाद फ्रांस भी इन देशन खातिर आपन सीमा बंद करे के फैसला कइले बा । 

लंदन से दिल्ली लौटल एयर इंडिया फ्लाइट के 5 यात्री कोरोना पॉजिटिव मिले के बाद अब लंदन से कोलकाता लौटल उड़ान के 2 यात्री भी पॉजिटिव मिलल बाने । यूरोप के देशन में कोरोना वायरस के नया रूप “कोरोना स्ट्रेन” के खतरा को देखकर भारत भी ने ब्रिटेन से आवे-जावे वाली उड़ानन पर रोक लगा दिहले बा लेकिन जो उड़ान पहले से शेड्यूल बानी उनके यात्रियन खातिर टेस्टिंग जरूरी कर दिहल गइल बा और एही टेस्टिंग में इ यात्री कोरोना पॉजिटिव निकलल बाने ।

यूरोपीय संघ (ईयू) के सदस्य राष्ट्रन के एक बैठक भी ब्रसेल्स में होवे वाला बा , जेमे ज्यादा समन्वित प्रतिक्रिया पर चर्चा करल जाई काहें की ब्रिटेन में रविवार के कोरोना वायरस संक्रमितनके संख्या 35,928 रहल , उहें कोरोना वायरस के नया स्वरूप के प्रसार तेजी से होवत बा और 326 और नया मरीजन के मौत के साथ ही मरे वालन के संख्या बढ़कर 67,401 हो गइल बा । 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments