Friday, September 27, 2024
Homeदिल्ली-NCRगणतंत्र दिवस हिंसा: आरोपी दीप सिद्धू के दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल...

गणतंत्र दिवस हिंसा: आरोपी दीप सिद्धू के दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल गिरफ्तार कईले..

नई दिल्ली:- किसानों के ट्रैक्टर रैली के दौरान दिल्ली में कई जगह पर भईल हिंसा में आरोपी एक्टर दीप सिद्धू के दिल्ली पुलिस की स्पेशल सेल मंगलवार के गिरफ्तार कईले।

गणतंत्र दिवस पर किसान आंदोलन के तहत निकालल गईल ट्रैक्टर रैली के दौरान दिल्ली में भईल हिंसा में बतौर आरोपी एक्टर दीप सिद्धू के दिल्ली पुलिस की स्पेशल सेल मंगलवार के गिरफ्तार कईले। पुलिस एकर जानकारी दीहलन। जानकारी बा कि सिद्धू के करनाल के पास से पकड़ल गईल।

दीप सिद्धू और तीन अन्य आरोपियों पर जानकारी दिहला प पुलिस 1 लाख का इनाम रखले रहल. सिद्धू के नाम ट्रैक्टर रैली में हिंसा-झड़प भड़काने के घटना में सामने आईल रहल।

दरअसल, उस दिन कुछ प्रदर्शनकारि तय रूट और वक्त के उलट जाकर ट्रैक्टर लेकर दूसरा रास्ता पर चल गईलन। कई जगह पर पुलिस के साथ ओहनी के झड़प भईल। गाड़ियों के साथ तोड़फोड़ भईल। फिर बड़ी संख्या में प्रदर्शनकारी लाल किले में घुस गईलन और ईहा भी काफी तोड़फोड़ भईल। कुछ लोग ईहा किले के सामने एक खंभे पर चढ़ गईलन और धार्मिक सिख झंडा फहरा दिहलन।

ट्रैक्टर रैली के दौरान प्रदर्शनकारियों के भयंकर झड़प भईल रहल।, जेमे 300 से ज्यादा पुलिसकर्मी घायल भईलन। लाल किले में भी काफी ज्यादा तोड़फोड़ भईल। हालांकि, किसान संगठनों के कहनाम बा कि लाल किले में जे प्रदर्शनकारी गईल रहलन उ किसान ना रहलन और ओकर जांच भईल चाहि कि आखिर हिंसा के भड़कावल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments