Monday, September 23, 2024
Homeटॉप स्टोरीगाजियाबाद के गौशाला में लागल आग 38 गोवंशी के भइल मौत

गाजियाबाद के गौशाला में लागल आग 38 गोवंशी के भइल मौत

कनवानी के श्री कृष्णा सेवा गऊशाला ट्रस्ट, गोशाला में सोमवार दोपहर करीब एक बजे भीषण आग लगला से 38 गोवंशी की मौत हो गईल। करीब 24 गोवंशी झुलस गईल। पोस्टमार्टम के बाद प्रशासन ने मृत गोवंशी के शवों के सरकारी जमीन में दफन कर दिहल गईल। साथ ही हादसे की जांच के खातिर तीन सदस्यीय समिति गठित कईल गईल बा। आग की शुरुआत पास में बसी झुग्गी-झोपड़ियों से भईल। एमे पांच दर्जन झुग्गी-झोपड़ी और तीन बीघा गेहूं के फसल भी जलकर राख हो गईल।

वसुंधरा सेक्टर-दो के सूरज पंडित कनावनी में दो बीघे जमीन पर तीन साल से गोशाला चलावत रहले। सूरज के मुताबिक, उ गोशाला में बेसहारा गायों को रखत रहले। ऐह समय 125 गोवंशी रहे। गोशाला से सटे खाली प्लाट में करीब पांच दर्जन झुग्गी-झोपड़ी रहे। उनमें कबाड़ के काम करे वाला लोग परिवार के साथ रहते रहले। लोग कुछ झुग्गियों के गोदाम भी बना के रखले रहे। सोमवार दोपहर करीब एक बजे झुग्गी-झोपड़ी में आग लग गईल। देखते-देखते धमाके के साथ गैस सिलेंडर फटे लागल। एहमे आग गोशाला तक पहुंच गईल और जल्द ही आग पूरी गोशाला में फैल गईल। मौके पर पहुंचल अग्निशमनकर्मियों कड़ी मशक्कत के बाद करीब एक घंटे में आग पर काबू पवलस। तब तक सभी झुग्गी-झोपड़ी और गोशाला पूरी तरह जलकर राख हो चुकल रहे। इ हादसा में 38 गोवंशियों के मौत हो गईल और करीब 24 गोवंशी झुलस गईल। सूचना पर पहुंचे पशु चिकित्सक उनका मौके पर ही उपचार कईले। अन्य गोवंशी सुरक्षित निकाल लिहल गईल रहे। चार सदस्यीय समिति गठित : मौके पर जिलाधिकारी राकेश कुमार सिंह, कार्यवाहक वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक मुनिराज सहित अन्य अधिकारी पहुंचले। आग लगला के कारण के अभी पता नइखे चलल। ऐह खातिर अपर जिलाधिकारी द्वितीय निखिल चक्रवर्ती, मुख्य अग्निशमन अधिकारी सुनील कुमार सिंह और पुलिस क्षेत्राधिकारी इंदिरापुरम अभय कुमार मिश्र, मुख्य पशु चिकित्सा अधिकारी डा. महेश कुमार के चार सदस्यीय टीम बनाई गईल बा। रिपोर्ट के आधार पर आगे के कार्रवाई होई। हीट स्ट्रोक व दम घुटने से भईल मौत : कार्यवाहक मुख्य पशु चिकित्साधिकारी डा. महेश कुमार बतवलन कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट के मुताबिक हीट स्ट्रोक और दम घुटने से गोवंशियों के मौत भईल बा। आगे के जांच के लिए नमूना लिहल गईल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments