न्यूज़ डेस्क /नई दिल्ली
भारतीय ई-कॉमर्स क्षेत्र के अग्रणी कम्पनी फ्लिपकार्ट आपन ‘द बिग बिलियन डेज’ (Flipkart Big Billion Days) सेल के शुरुआत अपनी प्रतिद्वंद्वी कम्पनी अमेजन के त्योहारी बिक्री से एक दिन पहले तीन अक्टूबर से करे के ऐलान कइले बिया .
फ्लिपकार्ट एसे पहले मंगलवार के कहले रहल कि Flipkart Big Billion Days के आठवी बार इ साल 7-12 अक्टूबर तक आयोजित करी . लेकिन अमेजन के त्योहारी बिक्री के देखकर इ बयान जारी कइलस की अब एकर शुरुआत तीन अक्टूबर से होई और बिक्री अब 10 अक्टूबर तक चली .
फ्लिपकार्ट शुरू में कहले रहल की Flipkart Big Billion Days का आठवां संस्करण इ साल 7-12 अक्टूबर तक आयोजित होई .
फ्लिपकार्ट समूह के सीईओ कल्याण कृष्णमूर्ति कर्मचारियन के दिहल एक संदेश में कहने कि Flipkart Big Billion Days लाखों विक्रेताओं खातिर महत्वपूर्ण बा काहें कि उ महामारी के बाद आपन कारोबार के फिर से खड़ा करे के कोशिश करत बाने . उ कहने कि यह आयोजन आपूर्ति श्रृंखला में बड़े पैमाने पर रोजगार भी पैदा करी. उ कहने कि Flipkart Big Billion Days अब तीन अक्टूबर से शुरू होई और 10 अक्टूबर तक चली , जेसे इ आठ दिन के कार्यक्रम बन जाई .