Saturday, September 28, 2024
Homeयुवामजदूर के बेटा जितलस फ्लिपकार्ट के एंटरटेनर नंबर वन कॉम्पटीशन

मजदूर के बेटा जितलस फ्लिपकार्ट के एंटरटेनर नंबर वन कॉम्पटीशन

न्यूज़ डेस्क: नई दिल्ली

फ्लिपकार्ट के एंटरटेनर नंबर वन कॉम्पटीशन के विजेता के घोषणा हो गइल बा , इ कॉम्पटीशन टिक टॉक स्टार बाबा जैक्सन उर्फ युवराज जितले बाने . बाबा जैक्सन उर्फ युवराज पहिले से ही काफी मशहूर बाने . उ सोशल मीडिया पर पहिले से एक जाना पहचाना नाम बाने और अमिताभ बच्चन, ऋतिक रोशन व टाइगर श्रॉफ जैसे सितारे उनके वीडियो के अपने सोशल मीडिया अकाउंट से पोस्ट कर चुकल बाने .

युवराज के पिता एगो मजदूर बाने और घरन में टाइल्स लगावे के काम करे लें .पिछला हफ्ता लॉकडाउन के दौरान फ्लिपकार्ट एंटरटेनर नंबर वन कॉम्पटीशन शुरू कइले रहल जेमे हर हफ्ते एक विजेता के 10 लाख रुपया के इनाम और मेगा विनर के 1 करोड़ रुपया इनाम में मिले के रहल .

युवराज बतइलें कि उ पहले तो बस यूं ही छत पर जाकर वीडियो बनावत रहने . लेकिन जब उनके लागल की उ अच्छा करे लागत बाने त उन वीडियो के उ इसे टिक टॉक पर अपलोड करल शुरू कर दिहलें . ओकरा बाद उनकर वीडियो अमिताभ और बाकी अभिनेताओं द्वारा देखल गइल साथे उ लोग वीडियो के शेयर भी करे लगने. वीडियो के शेयर करल जाए के बात पर उ कहने कि , “पहली बात तो ये कि मुझे यकीन ही नहीं हो रहा है. क्योंकि वह इतने बड़े सेलिब्रिटी हैं कि हम किसी तीसरे या चौथे के घर जाकर उनके वीडियो देखते थे.”

उ अमितःब बच्चन और बाकी सत्रार लोगन के शुक्रिया कहले बाने आपन वीडियो शेयर करे खातिर .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments