Thursday, September 26, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणCBI के पूर्व चीफ रंजीत सिन्हा के देहांत, बिहार के सिवान जिला...

CBI के पूर्व चीफ रंजीत सिन्हा के देहांत, बिहार के सिवान जिला में शोक के लहर

केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो(CBI) के पूर्व चीफ रहे रंजीत सिन्हा के शुक्रवार सुबह निधन हो गईल। एक न्यूज एजेंसी के मुताबिक रंजीत सिन्हा कोरोना पॉजिटिव रहले। बिहार के सिवान जिले के रहे वाले रंजीत सिंह के निधन से पूरे जिला में शोक के लहर। 1974 बैच के सेवानिवृत्त आईपीएस अधिकारी रंजीत सिन्हा क दिल्ली के एम्स में देहांत हो गईल। बिहार के इ IPS ऑफिसर ने अपने कॅरियर में CBI के महानिदेशक और डीजी आईटीबीपी सहित कई अहम पदन पर रहल बाने।

22 नवम्बर 2012 के उ अगले दो सालों के लिए CBI के निदेशक के रूप में नियुक्त कयल गयल बा। एसे पाहिले सिन्हा रेलवे सुरक्षा बल के नेतृत्व और पटना और दिल्ली CBI में वरिष्ठ पद पर कार्य कर चुकल बाने।

रंजीत सिन्हा पर आरोप लगल रहे कि उ CBI डायरेक्टर के पद पर रहत कोयला आवंटन घोटाले के जांच के प्रभावित करे के कोशिश कइले रहलें। 1974 बैच के रिटायर्ड आईपीएस अधिकारी सिन्हा के संदिग्ध भूमिका के जांच के खातिर सुप्रीम कोर्ट CBI के आदेश देलस। इ आदेश के तीन महीने बाद CBI सिन्हा के खिलाफ एफआईआर दर्ज कईले रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments