Friday, September 27, 2024
Homeव्यापारगाजियाबाद डीएम जारी कइलें दुकान खोले के गाइड लाइन, जानी कब...

गाजियाबाद डीएम जारी कइलें दुकान खोले के गाइड लाइन, जानी कब कउन दुकान खुली

न्यूज़ डेस्क : ग़ाज़ियाबाद (लोकेश कुमार शर्मा )

केंद्र सरकार के लाकडाउन-4 की गाइड लाइन के बाद अब राज्य में धीरे-धीरे दुकान खोलल जात बा . गाजियाबाद देश के पहला जिला होई जहां पर जिलाधिकारी अजय शंकर पांडे इ शर्त पर दुकान खोले के आदेश जारी कइले बाने कि शुरू के 2 दिन सभी दुकानदार सिर्फ दुकानन के सफाई करिहें .

जिलाधिकारी कहने कि दुकानदार पहले आपन दुकानन के पूरी तरह सैनिटाइज करिहें ,आसपास सोशल डिस्टेंसिंग के ख्याल रखे खातिर गोला बनइहें . एकरा अलाव उ सभी एहतियातन प्रबंध क रिहें जउन कि कोरोना से बचाव के लिए आवश्यक बा .

ग़ाज़ियाबाद डीएम का आदेश पार्ट-१
ग़ाज़ियाबाद डीएम का आदेश पार्ट-2
ग़ाज़ियाबाद डीएम का आदेश पार्ट-3

इ आदेश के बाद अगला 2 दिन तक गाजियाबाद में दुकानन पर कोई भी दुकानदार अबहीन ग्राहकन के ना आवे दी . कउनो सामान खरीदने खातिर 2 दिन इंतेजार करे के होई

गाजियाबाद में बाजार संचालित करे खातिर और समय और दिन भी निश्चित करल गइल बा . कुछ इलाकन में दुकान और बाजार मंगलवार, बृहस्पतिवार और शनिवार को खुलिहें त कुछ इलाकन में सोमवार, बुधवार और शुक्रवार के . रविवार के सभी जगह मार्केट और दुकान पूरी तरह से बंद रही . रविवार के दिन नगर निगम और नगर पालिका अपने-अपने इलाके के मार्केट के साफ-सफाई और संपूर्ण सैनिटाइजेशन करावल सुनिश्चित करिहें . आवासीय कालोनियन के मार्केट 3 दिन दाएं और और 3 दिन बाईं ओर के सिद्धांत पर खुलिहें .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments