Saturday, September 28, 2024
Homeयुवा69000 शिक्षकों के भर्ती पर बड़ा फैसला, हाई कोर्ट लगइलस रोक

69000 शिक्षकों के भर्ती पर बड़ा फैसला, हाई कोर्ट लगइलस रोक

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ (रोहित बाजपेई )

 उत्तर प्रदेश में 69000 शिक्षकों के भर्ती पर एक बार फिर रोक लग गईल बा । हाईकोर्ट बुधवार के इ मामले में सुनवाई करते हुए 69000 शिक्षक भर्ती पर अगला तारीख तक रोक लगा दिहले बिया । अब यूजीसी के अध्यक्ष से इ मामला में राय लेकर आगे के फैसला होई ।

उत्तर प्रदेश के परिषदीय स्कूलों के लिए 69000 सहायक अध्यापक भर्ती में चयनित अभ्यर्थियों की काउंसिलिंग 3 जून से शुरू होने के रहल . सभी जिलन में 3 से 6 जून तक काउंसलिंग करावे की तैयारियां पूरी कर लिहल गइल रहल . अब हाई कोर्ट के इ फैसला के बाद भर्ती पर स्टे लग गइल बा .

हाईकोर्ट सुनवाई करते हुए कहलस कि विवादित प्रश्नों पर आपत्तियों के अभ्यर्थी एक सप्ताह के अंदर राज्य सरकार के सामने रखें। सरकार आपत्तियों के निस्तारण खातिर यूजीसी के भेजी । अब 12 मई के अगली सुनवाई होई ।

यह याचिका अमिता त्रिपाठी व अन्य लोगों दायर करे रहल । हाईकोर्ट कहलस कि यूजीसी के चेयरमैन के पत्र लिखकर सभी विवादित प्रश्ननन पर एक्सपर्ट ओपिनियन लिहल जाई । एक्सपर्ट के ओपिनियन आवे के बाद ही अब आगे फैसला लिहल जाई ।

बता दें कि बेसिक शिक्षा परिषद के प्राथमिक स्कूलों में 69 हजार सहायक शिक्षकन के भर्ती खातिर अभ्यर्थी 6 जनवरी 2019 के लिखित परीक्षा दिहले रहन । शिक्षक भर्ती पद के लिए करीब चार लाख अभ्यर्थियों शामिल भइल रहने । परीक्षा के बाद सरकार की तरफ से भर्ती के कटऑफ सामान्य वर्ग के अभ्यर्थी खातिर 65 प्रतिशत व आरक्षित वर्ग खातिर 60 प्रतिशत अनिवार्यता के साथ तय करल गइल रहल । सरकार के इ आदेश के अभ्यर्थी लोग हाईकोर्ट के लखनऊ खंडपीठ में चुनौती दिहले रहन । एकरा बाद हाईकोर्ट शिक्षकन के भर्ती पर फैसला सुना दिहले रहल , लेकिन अब एक बार फिर रोक लग गइल बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments