Friday, September 27, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना वायरस: महाराष्ट्र में टूटल कुल रिकार्ड, एक दिन में मिलल 25833...

कोरोना वायरस: महाराष्ट्र में टूटल कुल रिकार्ड, एक दिन में मिलल 25833 नया केस

न्यूज़ डेस्क मुंबई: महाराष्ट्र में कोरोना वायरस (Coronavirus in Maharashtra) के कहर लगातार बढ़त जा रहल बा अउर गुरुवार के रिकॉर्ड मामला दर्ज कयल गयल. महाराष्ट्र स्वास्थ्य विभाग के आंकडा के अनुसार 18 मार्च के पिछले 24 घंटे में 25833 नया मामला सामने आईल, जवन अब तक एक दिन में आयल कोविड-19 के सबसे ज्यादा मामला बा. एकरे साथ ही मुंबई में भी अब तक के सबसे ज्यादा केस दर्ज कयल गयल बा अउर कोरोना के 2877 मरीज पावल गईले.

google images

11 सितंबर के आयल रहे 24886 नया मामला

महाराष्ट्र में एसे पहिले कोरोना वायरस (Coronavirus) के सबसे ज्यादा मामला पिछले साल 11 सितंबर के दर्ज कयल गयल रहे अउर 24886 मामला सामने आईल रहे. उहें मुंबई में एसे पहिले सबसे ज्यादा 2848 कोरोना केस 7 अक्टूबर 2020 के मिलल रहे. महाराष्ट्र में अब तक कोरोना वायरस से 53 हजार से ज्यादा लोगन के मौत हो गईल बा.

कोरोना के दूसरी लहर के शुरुआत

महाराष्ट्र में कोरोना वायरस (Coronavirus) के मामला तेजी से बढ़ रहल बा अउर केंद्र सरकार एके कोरोना के दूसरकी लहर के शुरुआत बता रहल बा. एके लेके केंद्रीय स्वास्थ्य सचिव राजेश भूषण हाल ही में केंद्रीय टीम के दौरे के बाद महाराष्ट्र के मुख्य सचिव के एगो पत्र लिखले रहलें. केंद्रीय टीम बतईले रहे कि महाराष्ट्र कोरोना के दूसरकी लहर से गुजर रहल बा और संक्रमण रोके के खातिर कारगर उपाय करे के जरुरत बा. उ बताईले रहलें कि ट्रैकिंग, टेस्टिंग, अलग-अलग मामलन और कॉन्टैक्ट ट्रेसिंग करल जरूरी बा.

google images

महाराष्ट्र में रिप्रोडक्शन नंबर 1.34

महाराष्ट्र में कोरोना वायरस के रिप्रोडक्शन (प्रजनन) नंबर या आर नंबर 1.34 बा. आर नंबर के मतलब बा कि एक संक्रमित व्यक्ति औसतन अउर केतने लोगन के संक्रमित कर सकेला, यानी कि वायरस में फईले के केताना क्षमता बा. अगर ई नंबर एक से ज्यादा होला त महामारी के बढे के आशंका ज्यादा हो जाला. अगर कोरोना वायरस के मामलन के संख्या घटावे के बा त आर नंबर के 1 से नीचे लावेके पड़ी. महाराष्ट्र में कोविड-19 के मामला नागपुर, औरंगाबाद, अमरावती, ठाणे और मुंबई में गंभीर बा.

google images

देशभर में सामने आयल 35 हजार से ज्यादा मामला

केंद्रीय स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्रालय के मुताबिक, बुधवार के पिछले 24 घंटे में देशभर में कुल 35871 कोरोना वायरस के नया मामला रजिस्टर कयल गयल अउर 172 लोगन के इ महामारी के वजह से मौत हो गईल. देशभर में कोविड-19 से मरे वालन के संख्या 159216 हो गईल बा, जबकि 1 करोड़ 10 लाख 63 हजार 25 लोग ठीक हो चुकल बने अउर देशभर में 252364 एक्टिव केस मौजूद बा.

(Image source google)

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments