Friday, September 27, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणIPL 2021: 49 रन के पारी खेलले के बाद क्रिस लिन बोललें-...

IPL 2021: 49 रन के पारी खेलले के बाद क्रिस लिन बोललें- मुंबई के खातिर ई हमार आखिरी मैच साबित होई

IPL 2021: इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) के 14वें सीजन के पाहिले मुकाबले में मौजूदा चैंपियन मुंबई इंडियंस के दो विकेट से हार के सामना करेके पड़ल. मुंबई इंडियंस के टीम क्रिस लिन 49 रन के पारी के बदौलत आरसीबी के सामने जीत के खातिर 160 रन के लक्ष्य रखले रहे. आरसीबी आखिरी गेंद पर ई लक्ष्य हासिल कर दो विकेट से जीत दर्ज कईलस. मुंबई इंडियंस के हार के बाद ओपनर क्रिस लिन ने चौंकाने वाला बयान देत कहल कि ई उनके टीम के लिए आखिरी मैच साबित हो सकेला.

मुंबई इंडियंस के कोविड 19 प्रोटोकॉल के वजह से ओपनिंग जोड़ी में बदलाव करे के मजबूर होखे के पड़ल. दरअसल, मुंबई इंडियंस के रेगुलर ओपनर डी कॉक 7 अप्रैल के इंडिया पहुंचल बाने. बीसीसीआई के नियमों के मुताबिक डी कॉक के एक हफ्ते तक क्वारंटीन रहेके पड़ी. मुंबई इंडियंस ए वजह से पहले मैच में क्रिस लिन के डेब्यू के मौका देबल गयल.

क्रिस लिन मुंबई इंडियंस के लिए बल्ले से त अच्छा आगाज कईले. लेकिन लिन पहले ही मुकाबले में एक भारी गलती कर गइले. मैच के चौथे ओवर के आखिरी गेंद पर क्रिस लिन मुंबई इंडियंस के कप्तान रोहित शर्मा के रनआउट करवा देले. रोहित शर्मा अच्छे टच में नज़र आवत रहेले अउर उ 19 रन के छोटी से पारी में एक चौका और एक छक्का जड़ देलें.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments