Wednesday, September 25, 2024
Homeटेक्नोलॉजीगुम या चोरी भईल मोबाइल के पता लगावे खातिर लांच भईल पोर्टल

गुम या चोरी भईल मोबाइल के पता लगावे खातिर लांच भईल पोर्टल

संचार एवं सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रविशंकर प्रसाद सोमवार के एगो अयीसन पोर्टल लांच कईले जेहमे गुम भईल या चोरी भईल मोबाइल फोन के पता लगावल जा सकी । फिलहाल एकर लाभ दिल्ली-एनसीआर के लोगन के मिली। धीरे-धीरे पूरे देश में विस्तार कईले के तैयारी में भारत सरकार बा। एकर शुरुआत पायलट प्रोजेक्ट के तौर पर सितंबर में मुंबई से कईल गईल रहे।

पोर्टल ‘सीईआइआर डॉट जीओवी डॉट इन’ के लाभ लेवे के खातिर सबसे पहिले पुलिस में रिपोर्ट लिखाके गुम या चोरी भईल नंबर के ब्लॉक करावे के होइ। फिर एफआइआर के कॉपी अउर आइडी प्रूफ के साथ अपने मोबाइल ऑपरेटर के नया सिम कार्ड देवे के खातिर आवेदन करे के होइ । एकरे बाद आइएमईआइ ब्लॉक करावे के खातिर पोर्टल पर रजिस्ट्रेशन फॉर्म भरे के होइ । एह पर आपके एक रिक्वेस्ट आइडी मिली। एकरे जरिये आप पोर्टल पर अपने मोबाइल के स्थिति पर नजर रख सकीले। मोबाइल मिलले की स्थिति में भविष्य में आप आइएमईआइ के अनब्लॉक भी कई सकीले।

एह सुविधा के खातिर दूरसंचार विभाग सेंट्रल इक्विपमेंट आइडेंटिटी रजिस्ट्री (सीईआइआर) के नाम से एक प्रणाली विकसित कईले बा अउर ओके सब मोबाइल ऑपरेटरों के आइएमईआइ डाटाबेस से कनेक्ट कईले हवे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments