Monday, September 23, 2024
Homeटॉप स्टोरीगोरखपुर में बीजेपी नेता से बदसलूकी चौकी इंचार्ज के पड़ल महंगा, SSP...

गोरखपुर में बीजेपी नेता से बदसलूकी चौकी इंचार्ज के पड़ल महंगा, SSP कईले सस्‍पेंड

गोरखपुर में भाजपा आर्यनगर मंडल के महामंत्री चतुर्भुज चौहान से दुर्व्यवहार करे पर बुधवार के एसएसपी डॉ. विपिन ताडा बेनीगंज चौकी प्रभारी विवेक शुक्ला के निलंबित कर दिहले। आरोप बा कि एक विवाद के पैरवी पर उनकर द्वारा अमर्यादित शब्द के प्रयोग कईल गईल रहे।

मिलल जानकारी के अनुसार एक विवाद में पीड़ित भाजपा नेता चतुर्भुज से संपर्क कईले रहली। ओकर पैरवी करे के खातिर उ खुद चौकी पहुंच गईल। आरोप बा कि ऐह दौरान चौकी प्रभारी विवेक शुक्ला अमर्यादित शब्द के इस्तेमाल करते हुए नेता के चौकी से खदेड़ दिहले। एकर शिकायत चतुर्भुज भाजपा पदाधिकारियों से कईले रहले।

भाजपा के क्षेत्रीय और जिला इकाई के नेताओं एसएसपी से मामले के अवगत करवले। एसएसपी चौकी प्रभारी के निलंबित कर दिहले। एसएसपी बतवलस के भाजपा नेता से बदसलूकी के शिकायत पर चौकी इंचार्ज के निलंबित कर दिहल गईल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments