Wednesday, September 25, 2024
Homeव्यापारनया साल आपके जेब पर पड़ सकेला भारी , वाहन से लेके...

नया साल आपके जेब पर पड़ सकेला भारी , वाहन से लेके घर के सामान सब होईहे महंगा

नए साल यानी 2020 के आगाज में अब कुछ घंटा के समय बचल बा नए साल में आम लोगों के रोजमर्रा के जिंदगी से जुड़ल कई चीज महंगा होवे वाला बाने। एहमे बाइक से लेके बीमा तक शामिल बाने। नए साल में मारुति समेत अधिकतर ऑटो कंपनी कार या बाइक्‍स के कीमत बढ़ा दिहले बाने नए साल में कार या बाइक खरीदे के खातिर अधिक कीमत चुकावे के होइ। एकरे अलावा घर के घरेलू सामान जईसे चीनी चायपत्ती बिस्किट आदि भी महंगा हो जईहे जेकर आम जिंदगी पर असर पड़ी।

नए साल में 5 स्टार फ्रिज अउर AC के कीमत भी बढ़े वाला बा। दरअसल, 2020 में नया एनर्जी लेवलिंग नॉर्म्स लागू होवे वाला बाने एकरे मुताबिक इलेक्ट्रॉनिक निर्माता के फाइव स्टार फ्रिज या एसी के कूलिंग के खातिर पारंपरिक फोम के जगह वैक्यूम पैनल के इस्तेमाल करे के पड़ी। एह नए नॉर्म्‍स के बाद फाइव स्टार फ्रिज या एसी करीब 6,000 रुपये तक महंगा भईले के सम्भावना बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments