Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणलखनऊ के लिए बोकारो से फिर खुलल Oxygen Express, 12 दिन में...

लखनऊ के लिए बोकारो से फिर खुलल Oxygen Express, 12 दिन में यूपी को 650 टन ऑक्सीजन के आपूर्ति

देश के सबसे ज्यादा आबादी वाले राज्य उत्तर प्रदेश में ऑक्सीजन संकट के दूर करे के लिए बोकारो स्टील प्लांट से युद्धस्तर पर तरल ऑक्सीजन के सप्लाई हो रहल बा। एही क्रम में सोमवार के दूसरी ऑक्सीजन एक्सप्रेस बोकारो स्टील प्लांट से यूपी के लिए रवाना हो गईल। ऑक्सीजन एक्सप्रेस पर 4 टैंकर लोड बाने। । ई टैंकर के अंदर करीब 50 टन ऑक्सीजन लोड बा। ऑक्सीजन एक्सप्रेस के त्वरित गति से लखनऊ तक पहुंचाने के लिए रेलवे ग्रीन कॉरिडोर बनइले बा। उम्मीद कयल जा रहल बा कि ई मंगलवार सुबह तक लखनऊ पहुंच जाई। दूसरे तरफ सोमवार के लखनऊ से एक और ऑक्सीजन एक्सप्रेस बोकारो पहुंचल। एपर पांच टैंकर बाने। एके बोकारो स्टील प्लांट में लोड करके काम चल रहल बा। देर रात तक ऑक्सीजन एक्सप्रेस लखनऊ के लिए रवाना होई। ई लखनऊ के ऑक्सीजन आपूर्ति के खातिर तीसरी ऑक्सीजन एक्सप्रेस होई।

बोकारो स्टील प्लांट से पहिले ऑक्सीजन एक्सप्रेस शनिवार 23 अप्रैल के लखनऊ के लिए चलल रहे। ई गाड़ी अगले दिन सुबह लखनऊ पहुंच गईल। दूसरी ऑक्सीजन एक्सप्रेस भी यूपी के लिए ही चलल बा। सोमवार दोपहर करीब डेढ़ बजे ऑक्सीजन एक्सप्रेस बोकारो स्टील प्लांट से रवाना होई। ऑक्सीजन लबे के लिए वाराणसी कैंट से ई गाड़ी सोमवार तड़के करीब 3 बजे बोकारो स्टील प्लांट पहुंचल रहे। एक बजे तक ऑक्सीजन एक्सप्रेस के लोड कर रवानगी के लिए तैयार करल गयल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments