Saturday, September 28, 2024
Homeटेक्नोलॉजीकोरोना के समय बिहार में आज होई देश के पहला ऑनलाइन शादी

कोरोना के समय बिहार में आज होई देश के पहला ऑनलाइन शादी

न्यूज़ डेस्क: पटना

आजकल कोरोना महामारी के कारण लोग सोशल डिस्टेंनसिग के पालन करत बाने उहे आज पटना में एगो शादी देश में मिशल बने जात बा । आज पटना में देश के पहिला ऑनलाइन शादी होई ।

पटना के संदीप और जिज्ञासा के शादी के प्‍लान अनोखा बा । इ शादी डिजिटल मोड में होई मतलब ऑनलाइन होई और एमे बाराती और घराती सभी डिजिटली मौजूद रहिहें ।

जिले के बड़हरिया प्रखंड के सुंदरी गांव में एक शादी के खूब चर्चा बा । जेमे गांव के लोग व रिश्तेदार डिजिटल बाराती बनिहें । गांव के दीनेश्वर पांडेय के पुत्र व टेक्नीकल एक्सपर्ट संदीप पांडेय की शादी गोपालगंज जिले के सिधवलिया थाना के शेर गांव निवासी कुमार अरविंद की पुत्री जिज्ञासा से होवत बा । पटना के एक होटल में 30 जून के साम 5 बजे शादी के बंधन में बंधे वाला इ जोड़ा कोरोना के ध्यान में रख कर अइसन अनोखी शादी के तैयारी कइले बा । शादी में जो भी उपहार आई , ओके पीएम केयर फंड (PM Care Fund) में दे दिहल जाई । शादी की पूरी रस्म फेसबुक पर लाइव पर करल जाई ।

जूम एप पर लाइव वेबकास्ट होगी शादी 

भोजपुरी लाइव से बात करते हुए संदीप कहने कि कोरोना के ध्यान में रखकर में शादी में बहुत सी बातन के ख्याल रखल गइल बा। इ समय ज्यादा मेहमान घर नाही आ सकेलें । एही से शादी के लाइव वेबकास्ट करे के तैयारी करल गइल बा । वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से सभी रिश्तेदार एसे जुड़ेंगे. 

पूरी रस्म वर्चुअल मोड में 

पंडित जी भी संकल्प मंत्र में संशोधन कर, दूर बैठे रिश्तेदारन के पूजा और नेग में वर्चुअल मोड में शामिल करिहें और उनके लाइव लोकेशन के अनुसार ही उनसे संकल्प कराइल जाई । संदीप कहने कि दोस्त और रिश्तेदार वर-वधू के जौंन गिफ्ट देवे के चाहत बाने ओके पीएम केयर फंड में सीधे दान कर सकेलें। उहें पटना के अलग-अलग कोने से जुड़ल मित्रन के घर मिठाई के होम डिलेवरी कराईल जाई। संदीप के अनुसार शादी में आवे वाले मेहमानन की सुरक्षा पर विशेष ध्यान दिहल जात बा। एही से दो टाइम स्लॉट बनाएल गइल बा । अगर कौनो मेहमान वेज खावे वाला बा त उ शाम चार से छह बजे आ सकेला । नॉनवेज खावे वाले शाम छह से रात नौ बजे तक आ सकेलें । 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments