Thursday, September 26, 2024
Homeदिल्ली-NCRदिल्ली में लग सकेला लॉकडाउन, आज LG अउर CM के मीटिंग

दिल्ली में लग सकेला लॉकडाउन, आज LG अउर CM के मीटिंग

Lockdown: दिल्ली में कोरोना (corona) से हालात बेकाबू होत जा रहल बा। एके लेके मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आज उपराज्यपाल अनिल बैजल के साथ बैठक करीहें। बैठक के दौरान दोनों शहर में कोरोना वायरस के स्थिति पर चर्चा करीहें। बता देंही कि दिल्ली में बुधवार के रिकॉर्ड 17,282 नया कोरोना संक्रमित मिलले। ई अब तक एक दिन में सामने आयल सबसे ज्यादा मरीजन के संख्या बा। अब सवाल ई बा की का दिल्ली में फिरसे लॉकडाउन (lockdown) लग सकेला

एके भी पड़ीं:24 घंटा में 2 लाख नया केस, एक्टिव केस 15 लाख, का लकडाउन ही आखरी उपाय

दिल्ली में पिछले 24 घंटे के दौरान 104 लोग ई corona वायरस के संक्रमण के वजह से दम तोड़ा देले । मुख्यमंत्री कार्यालय के तरफ से ट्वीट करके कहल गयल बा, ‘कोविड-19 संक्रमण के प्रसार के मद्देनजर, दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल गुरुवार सुबह 11 बजे उपराज्यपाल के साथ स्थिति को लेकर चर्चा करेंगे।’

कोरोना नियम हो रहेल तार-तार
कोरोना के बढ़ते मामला के साथ-साथ कोरोना नियम के तोड़े वालन के संख्या भी बढ़त जा रहल बा। 2 अप्रैल से लेकर 13 अप्रैल के रात तक दिल्ली पुलिस 24589 लोगन के मास्क न लगावे पर चालन कर चुकल बा। जबकि 505 लोगन के पुलिस ऐसे पकड़े बा जे सोशल डिस्टेंसिंग के नाम पर एतिहात नहीं बरतत बा। पुलिस के सख्ती के बाद भी लोग माने के लिए तैयार ना बाने और न केवल नाइट कर्फ्यू के उल्लंघन कर रहल बाने, बल्कि बिना मास्क के घर से निकल रहल बाने। जेकरे वजह से न केवल उ खुद कोरोना संक्रमण के चपेट में आने का खतरा उठा रहल बाने बल्कि अन्य लोगों के लिए भी खतरा बनल बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments