Thursday, September 26, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणईरान कबुलले कि ओकरे गलती से ही भईल यूक्रेन के विमान क्रैश

ईरान कबुलले कि ओकरे गलती से ही भईल यूक्रेन के विमान क्रैश

ईरान के ओर से इराक में अमेरिकी ठिकानन पर मिसाइल अटैक के कुछ घंटे बाद बुधवार के एक बोइंग प्लेन ईरान में क्रैश कई गईल। अब ईरान क्रैश के लेके आपन गलती स्वीकार कई लिहले बा। ईरान के कहनाम बा कि मानवीय भूल के वजह से उ अपने विमान मार गिरवले। इससे पहिले ईरान कहले कि विमान में खराबी की वजह से हादसा भईल रहे।

बोइंग विमान में 176 लोग सवार रहले। सब लोगन के मौत हो गईल। यूक्रेन इंटरनेशनल एयरलाइन्स के विमान में सवार यात्रियन में सबसे अधिक (82) ईरान के ही रहले। ईरान के 82 लोगन के साथ 63 कनाडाई, यूक्रेन के 11, स्वीडन के 10, अफनागिस्तान के 4, जर्मनी के 3 अउर यूके के 3 लोग सवार रहले।

 

 

Image source – social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments