दिल्ली में कड़ाके के ठंड के बीच सूर्य देव भले ही न निकले लेकिन नागरिकता संशोधन कानून अउर एनआरसी के विरोध कर रहल जामिया मिलिया इस्लामिया के छात्र रोज के तरह अब भी सड़कों पर धरना दे रहल बाने। दिल्ली-एनसीआर में एह दिनन में कड़ाके के ठंड पड़ रहल बा। दिल्ली में आज 5 डिग्री सेल्सियस तापमान बाने।
छात्रन के बीच दिल्ली यूनिवर्सिटी अध्यापक संघ के पूर्व अध्यक्ष नंदिता नारायण अपने संबोधन में सरकार के लेके कहली कि , “सत्ता में बइठल सरकार के मानसिकता हर ओह स्वर के दमन कईले के बा , जउन ओकरे खिलाफ बाने या लोकतंत्र के समर्थन में बाने , लेकिन जामिया अउर अन्य विश्वविद्यालयन के जागरूक छात्र के चलते अयीसन संभव ना हो सकी .” उ आमजन के प्रशंसा करते हुए कहले कि सीएए के खिलाफ शुरू भईल आंदोलन में पहली बार उ लोग भी शामिल भईल बाने जिनकर राजनीति से दूर-दूर तक कउनो वास्ता ना बाने।