Monday, September 23, 2024
Homeटॉप स्टोरीदो सौतेले बेटों के गला रेतलस सौतेली मां, हत्‍या में बेटा-बहू भी...

दो सौतेले बेटों के गला रेतलस सौतेली मां, हत्‍या में बेटा-बहू भी दिहले साथ

यूपी के देवरिया में बुधवार के सुबह एक सौतेली मां खूनी खेल खेललस। बंटवारे के झगड़े में उ आपन दो सौतेले बेटा के गला रेतकर बेरहमी से हत्‍या कर दीहलस। इ वारदात में महिला के खुद के बेटे और बहू ओकर साथ दिहले। 

घटना गौरीबाजार थाना क्षेत्र के देवतहां गांव के बा। सूचना पर एसपी देवरिया भी मौके पर पहुंचले। पुलिस सौतेली मां, ओकर बेटा और बहू के गिरफ्तार कर लिहले बा। तीनों से पूछताछ चल रहल बा। 

मिलल जानकारी के अनुसार देवतहां गांव के रहे वाला श्रीनिवास प्रसाद दुबई में नौकरी करेले। उनकर साथ ही उनकर बड़ बेटा जितेंद्र भी नौकरी करेला। उ दो शादियां कईले बाड़े। घर पर ओकर पहली पत्नी कुसुम देवी, ओकर बेटा राजू और बहू अर्चना के अलावा दूसर पत्नी मनसा देवी, बेटे अजय ( उम्र 18 वर्ष) और अभिषेक ( उम्र 12 वर्ष) रहले। 

बुधवार के सुबह मनसा खेत के तरफ गईल रहे ऊ दौरान सोते समय अजय और अभिषेक के चाकू से गला रेत कर बड़ी निर्ममता से हत्या कर दीहल गईल। दोनों भाइयों को कई बार चाकू से गोदल गईल रहे। आरोप बा कि सौतेली मां कुसुम आपन बेटे राजू और बहू अर्चना (जितेंद्र की पत्‍नी) के साथ मिलकर वारदात के अंजाम दिहली। घर में बंटवारे के लेकर काफी कलह चलत रहे। करीब 20 दिन पहले काफी झगड़ा भईल रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments